[the_ad_group id="30365"]

Tour Packages: IRCTC लेके आइल बा 7 ज्योर्तिलिंग यात्रा के पैकेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देश के भीतर आ विदेश यात्रा करे के योजना बनावे वाला यात्री लोग खातिर एगो बढ़िया खबर बा। मिलल जानकारी के मुताबिक आईआरसीटीसी एक बेर फेरू टूर पैकेज के एलान कईले बिया जवना के मदद से यात्री के देश के अलग-अलग इलाका में घूमे के मौका मिली।

अबकी बेर आईआरसीटीसी के ओर से 07 ज्योतिर्लिंग यात्रा (NZBG34) नाव के टूर पैकेज के घोषणा भईल बा। सस्ता दाम पs सगरी सुविधा वाला एह जगहन पs यात्री के ले जाइल जाई.

टूर पैकेज केतना दिन के रही?

बता दीं कि ई टूर पैकेज 11 दिन 10 रात के होई। 26630 रुपिया के कम दाम पs यात्रा कs सकेनी। यात्रियन के भारत गौरव स्पेशल टूरिस्ट ट्रेन के माध्यम से 3एसी क्लास में यात्रा करावल जाई। एकर शुरुआत 01.06.24 से भइल बा. यात्री के कम्फर्ट क्लास खातिर 31,500 भा 28,340 रुपिया, स्टैंडर्ड क्लास खातिर 26,630 भा 23,960 रुपया देवे के होई।

कवने जगह पs घुमावल जाई?

•वेरावल: सोमनाथ ज्योतिर्लिंग मंदिर।

•द्वारका: घृष्णेश्वर ज्योतिर्लिंग मंदिर आ द्वारकाधीश मंदिर।

•पुणे: भीमाशंकर ज्योतिर्लिंग मंदिर।

•नासिक – त्रयंबकेश्वर ज्योतिर्लिंग मंदिर

•औरंगाबाद: घृष्णेश्वर ज्योतिर्लिंग मंदिर।

•उज्जैन – महाकालेश्वर ज्योतिर्लिंग मंदिर, ओंकारेश्वर ज्योतिर्लिंग मंदिर

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]