CP Radhakrishnan Oath : देश के 15वां उपराष्ट्रपति बनलें सीपी राधाकृष्णन, राष्ट्रपति मुर्मु दिलवली शपथ

Share

नई दिल्ली। CP Radhakrishnan Oath Ceremony: सीपी राधाकृष्णन सुक के उपराष्ट्रपति के शपथ लेले बाड़ें। सीपी राधाकृष्णन देश के 15वां उपराष्ट्रपति बनल बाड़ें। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु राधाकृष्णन के राष्ट्रपति भवन में उपराष्ट्रपति पद के शपथ दिलवलें।

दरअसल, सीपी राधाकृष्णन मंगर के भइल उपराष्ट्रपति चुनाव में संयुक्त विपक्षी उम्मीदवार बी सुदर्शन रेड्डी के हराके जीत हासिल कइलें। बता दीं कि ई चुनाव पूर्व उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ के 21 जुलाई के अचानक इस्तीफा के बाद आयोजित कइल गइल रहे।

देश के 15वां उपराष्ट्रपति बनलें राधाकृष्णन

एनडीए उम्मीदवार राधाकृष्णन के मंगर के भारत के 15वां उपराष्ट्रपति के रूप में चुनल गइलें। चुनाव के बाद राज्यसभा के महासचिव आ निर्वाचन अधिकारी पीसी मोदी परिणाम घोषित करत बतवलें कि 781 सांसदन में से 767 मतदान कइल लोग, जवना से 98.2 प्रतिशत मतदान दर्ज भइल।

NDA उम्मीदवार के केतना वोट मिलल?

एनडीए के ओर से उपराष्ट्रपति के प्रत्याशी सीपी राधाकृष्णन के 452 मत प्राप्त भइल। ओहिजा, विपक्षी उम्मीदवार बी सुदर्शन रेड्डी के 300 मत मिलल। 9 सितंबर के वोटिंग के बाद परिणामन के घोषणा कइल गइल।

उपराष्ट्रपति परिणामन के घोषणा के बाद पीएम मोदी सीपी राधाकृष्णन के बधाई देलें। पीएम मोदी विश्वास जतवलें कि नवनिर्वाचित उपराष्ट्रपति भारत के संवैधानिक मूल्यन के आउर मजबूत करिहें आ संसदीय संवाद में सकारात्मक जोगदान दिहें।

महाराष्ट्र के राज्यपाल रहस सीपी राधाकृष्णन

बता दीं कि सीपी राधाकृष्णन महाराष्ट्र के राज्यपाल रहस। अब चूंकि ऊ देश के उपराष्ट्रपति बन गइल रहस। एह इस्थिति में महाराष्ट्र में गवर्नर के पद खाली हो गइल। नया राज्यपाल के नियुक्ति तक गुजरात के राज्यपाल आचार्य देवव्रत के अपना कर्तव्यन के अतिरिक्त, महाराष्ट्र के राज्यपाल के कामन के कार्यभार सउपल गइल बा। राष्ट्रपति एह संबंध में एगो आधिकारिक बयान जारी कइलें बाड़ें।

Read Also: Asia Cup : रोहित शर्मा आ विराट कोहली के कारण स्‍टेडियम बा खाली, पूर्व क्रिकेटर कइलें दावा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-