राजद विधायक बच्चा पांडेय के खिलाफ गैर जमानती वारंट: उत्तराखंड के कोर्ट जारी कइलस वारंट, चेक बाउंस के बा ममिला

Share

सीवान: बड़हरिया के राजद विधायक बच्चा पांडे के खिलाफ उत्तराखंड के चंपावत सिविल कोर्ट चेक बाउंस के ममिला में गिरफ्तारी के वारंट जारी कइले बा। सीनियर सिविल जज हेमंत सिंह गैर जमानती वारंट जारी करत चंपावत के पुलिस अधीक्षक के बच्चा पांडे के गिरफ्तार करे खातिर निरदेसित कइलें बाड़ें।

प्रधानमंत्री ग्रामीण सड़क योजना के तहत उत्तराखंड के पारकोट-जाख-बैनाली सड़क के स्टेज-2 के निर्माण काम के लेके मेसर्स दरौली कंस्ट्रक्शन प्राईवेट लिमिटेड कंपनी के ठेका मिलल रहे। जेमे सड़क पs स्कवर बनावे के रहे आ जगे-जगे पुलिया पs देवाल बनावे के रहे।

चंपावत जिला के पाटी थाना अंतर्गत मूलाकोट के उमेद सिंह के लईका धन सिंह एह निर्माण काम में मैसर्स दरौली कंस्ट्रक्शन प्राइवेट लिमिटेड कंपनी के संगे पार्टनरशिप में रहस। धन सिंह हरि सिंह अधिकारी के संगे मिलके सड़क के स्टेज-2 निर्माण काम पूरा कइलें। निर्माण काम पूरा होखला पs दरौली कंस्ट्रक्शन प्राइवेट लिमिटेड कंपनी के मालिक विधायक बच्चा पांडे 15 नवंबर 2018 आ 20 नवंबर 2018 के 10-10 लाख रुपिया के दुगो चेक धन सिंह के देलें।

दुनो चेक सीवान के पंजाब नेशनल बैंक शाखा के रहे। दुनो चेक बाउंस हो गइल। अधिवक्ता दीपक जोशी के माध्यम से बच्चा पांडे के 12 जनवरी 2019 के नोटिस भेजल गइल जवन 19 जनवरी 2019 के नोटिस मिलल। एकरा बावजूदो खाता में पईसा ना डलला पs धन सिंह चंपावत न्यायलय में 19 फरवरी 2019 के परिवाद दाखिल कइलें। कोर्ट के द्वारा बीतल 4 सालन में कइयन बेर न्यायालय में उपस्थित होखे खातिर बच्चा पांडे के नोटिस भेजल गइल, बाकिर कोर्ट में ऊ उपस्थित ना भइलें।

सीनियर सिविल जज हेमंत सिंह बच्चा पांडे के खिलाफ गिरफ्तारी के गैर जमानती वारंट जारी कइलें बाड़ें। 26 जुलाई 2023 के फेर से बच्चा पांडे के चंपावत न्यायालय में उपस्थित होखे के तिथि न्यायालय द्वारा निर्धारित बा।

आरजेडी विधायक बच्चा पांडे उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के बहुते करीबी बाड़ें। चुनाव में बड़हरिया विधानसभा से नीतीश कुमार के करीबी तीन बेर के विधायक श्याम बहादुर सिंह के कड़ा मुकाबला में मात देले रहस। बच्चा पांडे के बड़ भाई टून्ना जी पांडे पहिले भाजपा के टिकट से सीवान के एमएलसी रह चुकल बाड़ें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-