UP Road Accident : यमुना एक्सप्रेसवे पs भीषण हादसा, कंटेनर 15 लोगन के कुचललस, 6 के मौत, कइयन लोग घायल

Share

मथुरा। उत्तर प्रदेश के मथुरा जिला में यमुना एक्सप्रेसवे पs एगो बहुत बड़ सड़क हादसा भइल बा। एह दर्दनाक घटना में छव लोगन के मौत हो गइल, जबकि नव गो आउर लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बाड़ें। ई हादसा सुरीर थाना क्षेत्र के माइल स्टोन 88 के लगे भइल, जहां तेज रफ्तार आ अनियंत्रित कंटेनर बस से उतरल यात्रियन के रउदत आगे बढ़ गइल।

ई घटना सनिचर के तड़के करीब 2:45 बजे के बतावल जा रहल बा। दिल्ली से कानपुर जा रहल एगो बस के कुछ यात्री लघुशंका खातिर एक्सप्रेसवे पs उतरल रहे लोग। आरोप बा कि बस चालक यात्रियन के सुरक्षित ‘ग्रीन जोन’ में ना उतार के सड़क किनारही बस रोक देलस। ओह समय पीछे से आ रहल तेज रफ्तार कंटेनर पहिले बस में जोरदार टक्कर मरलस आ ओकरा बाद सड़क किनारे खड़ा यात्रियन के कुचलत निकल गइल।

एह भीषण हादसा में सोनू (औरैया), देवेश (बस्ती), असलम (कन्नौज), संतोष (दिल्ली) सहित कुल छव लोगन के जान चल गइल। दुगो आउर मृतकन के पहचान अभी कइल जा रहल बा। सब मृतकन के शव पुलिस कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस।

हादसा के बाद एक्सप्रेसवे पs कुछ देर तक यातायात बाधित रहल। सूचना मिलतही स्थानीय पुलिस आ प्रशासन के टीम मवका पs पहुंच के राहत आ बचाव कार्य सुरू कइलस। घायलन के फौरन नजदीकी अस्पताल में भरती करावल गइल। पुलिस कंटेनर चालक के तलाश में जुटल बिया आ ममिला के गहन जांच चल रहल बा।

प्रारंभिक जांच में सामने आइल बा कि बस चालक के लापरवाही एह हादसा के बड़ कारण बनल। एक्सप्रेसवे पs तय नियम के मोताबिक ग्रीन जोन में गाड़ी रोके के निरदेस बा, बाकिर नियम के अनदेखी जानलेवा साबित भइल।

एह घटना पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गहिराह शोक जतवले बाड़ें। सीएम योगी दिवंगत लोगन के परिवार से संवेदना जतावत अधिकारियन के निरदेस देले बाड़ें कि घायलन के बेहतर इलाज मिले आ राहत कार्य में कवनो कोताही ना होखे।

Read Also: Pappu Yadav Arrest : गिरफ्तारी के बाद बिगड़ल तबीयत, IGIMS में स्ट्रेचर पs कटल रात, अब PMCH रेफर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-