Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिजली निगम के लापरवाही का खामियाजा भुगत रहल बानें उपभोक्ता, गलत बिल बनल परेशानी के सबब

1,162
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर बिजली निगम के बिलिंग कंपनी के लापरवाही के खामियाजा उपभोक्ता लोग के भुगते के पड़ रहल बा। फर्म के कर्मचारी गलत बिल चाहे लमहर समय से उपभोक्ता के बिलवे नाइ दे रहल बानें, एसे उपभोक्ता लोग के बिजली के ज्यादा रकम अउर ब्याजो देवे के पड़sता।

कुछ दिन पहिले सहारा इस्टेट अउर बक्शीपुर खंड में अइसन मामला सामने आइल रहे। एपर बिजली निगम के टीम जांच करववलस अउर 2 मीटर रीडर के समस्या के समाधान कइलस। उपभोक्ता लोग के आरोप बा कि मीटर रीडर पांच से छह महीना बीत गइला के बादो बिल नाइ भेजsता।

उपभोक्ता जब निगम के दफ्तर जा के बिल नाइ मिलले के शिकायत करेने त उनके मीटर रीडिंग के वीडियो बना के लावे के कहल जाला। वीडियो नाइ बनाकर लइलें से बिल जमा होखले के बावजूद दोबारा कई गुना अधिक बिल थमवलें के मामला सोझे आइल बा।

उहवें, अधिकारी इके सामान्य मामला बतावताने। अधीक्षण अभियंता शहरी यूसी वर्मा बतवलें कि आजुकल मीटर एजेंसी के लापरवाही से बिलिंग में गड़बड़ी के शिकायतें आ रहल बा। निगम अपने स्तर से भी जांच करववलें रहे। दोषी मिलले पर दू बिलिंग कंपनियन के कर्मचारियन के सेवा समाप्त कइल गइल रहे।

 

325890cookie-checkबिजली निगम के लापरवाही का खामियाजा भुगत रहल बानें उपभोक्ता, गलत बिल बनल परेशानी के सबब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.