Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Travel Blog: अयोध्या दर्शनीय स्थल के यात्रा से खुद के धार्मिकता से जोड़ी

4,607

सरयूँ नदी के तट पs इस्थित अयोध्या देस के सबसे लोकप्रिय पर्यटन स्थलन में आवेला। ई दस के एगो प्राचीन धार्मिक स्थल होखला के नाते देस दुनिया के सैलानियन के अपना ओर खिंचेला। एह जगह पs हैं राम जन्मभूमि होखला के नाते एकर धार्मिक महत्व आउर बढ़ जाला। एह जगह पs राम मंदिर के संगे-संगे सइयन गो मंदिर इस्थित बा जवन लोगन में धर्म आ अध्यात्म जइसन आत्मिक प्रवृति के बढ़ावा दवे के काम कs रहल बा। एह लेख के माध्यम से हमनी के रउआ सभे के राम जन्मभूमि, अयोध्या के इतिहास, सरयूँ नदी के पवित्रता से परिचित करवायेम सs।

अयोध्या नगरी के इतिहास

हमनी के पौराणिक ग्रंथन में एह बात के जिकिर मिलेला कि अयोध्या के पुरान नाम कौशल देस रहे। प्राचीन काल से ई एगो प्रमुख तीर्थस्थल आ लोगन के आस्था के केंद्र रहल बा। अयोध्या उहे स्थान हs जहवां पs हमनी के सबसे पवित्र आ पौराणिक ग्रंथ-रामायण के रचना भइल बा। मुख्य रूप से ई मंदिरन के शहर हs, जवना के स्थापना मनु कइले रहस। एह जगह पs खुदाई के दौरान तमाम धर्मन से जुड़ल अवशेष प्राप्त भइल बा। एह जगह पs तमाम तरे के पर्व आ धार्मिक अनुष्ठान आयोजित होत रहेला।

अयोध्या कइसे पहुंचीं 

एगो लोकप्रिय पर्यटन स्थल होखला के नाते अयोध्या देस भर से जुड़ल बा। एह जगह पs रउआ अपना सुविधा मोताबिक प्लेन, ट्रेन आ सड़क परिवहन के द्वारा पहुंच सकत बानी। एह जगह पs पहुंचे खातिर सबसे नजदीकी हवाई अड्डा गोरखपुर, लखनऊ आ बनारस बा। रेलवे स्टेशन अयोध्या जंक्शन हs बाकिर जदि इहां खातिर सीधे ट्रेन ना मिले तs रउआ वाराणसी भा लखनऊ खातिर टिकट बुक कराके पहुंच जाईं। एह जगहन से अयोध्या पहुंचल बहुते आसान बा।

अयोध्या भ्रमण खातिर सबसे अच्छा समय 

अयोध्या कबो घुमल जा सकेला। इहां के मौसम घूमला के लिहाज से पूरा साल अच्छा रहेला बाकिर कवनो धार्मिक आयोजन भा उत्सव के दौरान इहां आएम तs रउआ एह जगह के एगो अलगे रौनक देखे के मिली। ठंडियन में एह जगह पs कइयन गो धार्मिक अनुष्ठान होला एहिसे अक्टूबर से लेके जनवरी तक अच्छा खासा रौनक देखे के मिलेला।

अयोध्या के प्रमुख दर्शनीय स्थल

एह जगह पs आके रउआ एगो अलगे तरे के धार्मिक अनुभूति होई। एह जगह के घूमत रउआ इहां के बाज़ार, धार्मिक स्थलन आ घूमे टहले के जगहन तक पहुंचेम। जदि राउर धर्म आ आध्यात्म के ओर रुझान बा, रउआ हिन्दू धर्म में आस्था रखेनी तs रउआ खातिर एह जगह पs बहुत कुछ बा। अयोध्या के कुछ दर्शनीय स्थल जवना के रउआ देखे जा सकत बानी।

1. कनक भवन

कनक भवन, अयोध्या

कनक भवन माने सोना के घर। जी हs, एगो अइसन मंदिर जवन सोना से बनल बा। एह मंदिर में भगवान राम आ सीता माता के प्रतिमा स्थापित कइल गइल बा। एह प्रतिमा के माथा पs सोना के एगो बहुते खूबसूरत ताज बा। मूर्ति पs बहुते बारीकी से कलाकारी कइल गइल बा जवना के देखके राउर मन खुस हो जाई। एह मंदिर में गीत-संगीत के प्रदर्शन होला जवन कि इहां के सबसे मुख्य आकर्षण हs।

2. हनुमान गढ़ी

हनुमान गढ़ी, अयोध्या

हनुमान गढ़ी मंदिर एगो पर्वत के चोटी पs इस्थित बा जहां पहुंचे खातिर बहुत सारा सीढ़ियन के चढ़े के पड़ेला। ई मंदिर एह जगह माने अवध के नवाब के द्वारा बनवावल गइल रहे। एह मंदिर में भगवान राम के प्रतिमा के संगे हनुमान आ उनकर माता जी के प्रतिमा बा। एह जगह पs हनुमान भक्तन के बहुते भीड़ रहेला। लोग दर्शन के संगे संगे आसपास के पहाड़ के ख़ूबसूरत दृश्य देखल पसंद करेला।

3. गुलाब बाड़ी

गुलाम बाड़ी, अयोध्या

नवाब शुजा-ऊ-दौला के मकबरा के भीतर गुलाब बढ़ी एगो खूबसूरत बगीचा बा। एह जगह पs पानी के फब्बारन के संगे गुलाब के खूबसूरती के देखके रउआ मंत्रमुग्ध हो जायेम। ई बगीचा रउआ के गुलाब के कइयन तरे के फूलन से रूबरू करवावेला। एह जगह पs रउआ गुलाब के कइयन गो किस्म आ रंग देखे के मिल जाई। आसपास के वातावरण हमेशा एकरा खुशबू से सरोबार रहेला।

4. त्रेता के ठाकुर

त्रेता के ठाकुर, अयोध्या

त्रेता के ठाकुर के सम्बंध में लोगन के कहनाम बा कि एह जगह पs भगवान राम अश्वगंधा यज्ञ कइले रहस। एहिसे एह जगह के पवित्र माना गइल आ एगो मंदिर के निर्माण कइल गइल बा। एह मंदिर में भगवान राम के संगे माता सीता आ लक्ष्मण, भरत, शत्रुघ्न के प्रतिमा स्थापित कइल गइल बा। कुछ असली मूर्तियन के एह मंदिर में सहेजके रखल गइल बा। काला पत्थर से बनावल गइल ई मूर्ति कलाकारी के अद्भुत नमूना हs।

5. सीता के रसोई

सीता की रसोई, अयोध्या

सीता के रसोई राम जन्मस्थान के उत्तर-पश्चिमी ओर इस्थित एगो मंदिर हs जवना के रसोई में तब्दील कइल गइल बा। माता सीता के अन्नपूर्णा भा अन्न के देवी कहल जाला। एही बात के धेयान में रखके एह रसोई के निर्माण कइल बा। ई मंदिर बहुते खूबसूरत बा आ एकरा एगो हिस्सा में भगवान राम आ माता सीता के संगे उनका भाईयन आ उनका पत्नियन के जोड़ा में मूर्ति बा।

6. तुलसी स्मारक भवन संग्राहलय

तुलसी स्मारक भवन संग्रहालय, अयोध्या

गोस्वामी तुलसी दास के स्मृति में बनावल गइल ई संग्राहलय बहुते खूबसूरत आ कइयन मायना में महत्वपूर्ण बा। एह जगह पs एगो अनुसंधान केंद्र आ पुस्तकालयो इस्थित बा। जवना के वजह से एह जगह पs साहित्य में रुचि रखे वालन के भीड़ रहेला। पुस्तकालय में रउआ तरे तरे के किताब देखे आ पढ़े के मिल जाई। एह जगह पs बनल अनुसंधान केंद्र में अयोध्या के साहित्य, संस्कृति आ आध्यात्म के खोज कइल जाला।

7. बहू बेगम के मकबरा

बहू बेगम के मकबरा

बहू बेगम के मकबरा के पूरूब के ताजमहलो कहल जाला। ई खूबसूरत मकबरा नवाब शुजा-ऊ-दौला के पत्नी उनमतुज्ज़ौरा बानो के इयाद में बनवावल गइल रहे। ई जगह बहुते ऊँचाई पs इस्थित बा। एह जगह पs रउआ अवधी वास्तुकला के एगो अद्भुत परिचय देखे के मिली। मकबरा में इस्थित रानी के समाधि के देखे खातिर लोग दूर दूर से आवेला।

8. रामकथा पार्क

रामकथा पार्क, अयोध्या

रामकथा पार्क विशुद्ध रूप से एगो पार्क हs जहां तरह तरह के कार्यकर्मन के आयोजन आदि होला। ई पार्क बहुते बड़ आ विस्तार लेले बा। एह जगह पs आध्यात्मिकता के अद्भुत परिचय मिली आ तरह तरह के सांस्कृतिक कार्यक्रम रउआ देखे के मिली। एह जगह पs राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय दुनो तरह के कलाकारन के अपना हुनर के देखावे के भरपूर मवका दिहल जाला।

9. मोती महल

मोती महल, अयोध्या

मोती महल कबो बेगम उनमतुज्ज़ौरा के निवास स्थान भइल करत रहे। वर्तमान में ई एगो खूबसूरत पर्यटन स्थल हs। नगर से कुछ किमी के दूरी पs स्थित एह महल में मुगल वास्तुकला के झलक दिखाई देला। ई महल बहुते सुंदर बा आ एमे कइल गइल बारीक कारीगरी के देखके लोग खुश हो जाला। देसी आ बिदेसी सैलानियन के बीच ई जगह अपना कलात्मक शैली आ नवाबी संस्कृति के वजह से पॉप्युलर बा।

10. राजा मंदिर

राजा मंदिर, अयोध्या

सरयूँ नदी के तट पs इस्थित राजा मंदिर में बहुत सारा देवी-देवता लोगन के सुंदर प्रतिमा स्थापित कइल गइल बा। एह जगह पs आके रउआ भगवान के कइयन रूपन के देखे के सौभाग्य प्राप्त कs सकत बानी। एह जगह पs राउर मन भक्ति भाव से भर जाई। नदी के किनारा बहुते खूबसूरत बा आ लोग एह जगह पs दर्शन के संगे संगे इहां के मनोरम दृश्यन के देखे खातिर आवेला लो।

नोट: ई लेख जानल मानल ट्रैवल ब्लॉगर संजय शेफर्ड जी के लिखल हs। 

संजय शेफर्ड जी के परिचय:

भारत के जानल-मानल ट्रेवल ब्लॉगर संजय शेफर्ड जुनूनी, जुझारू, आ जिंदादिल ट्रैवलर के रूप में प्रसिद्ध बानीं। संजय दुनिया के ओह गिनल-चुनल ट्रैवल ब्लॉगर के सूची में सामिल कइल जाला, जे कठिनतम परिस्थितियन में काम करत, अपना पैशन के जियेला। संजय ट्रैवल लेखक, ब्लॉगर के संगही एगो संवेदनशील कवियो बानी।

646260cookie-checkTravel Blog: अयोध्या दर्शनीय स्थल के यात्रा से खुद के धार्मिकता से जोड़ी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.