नई दिल्ली। दिल्ली के रामलीला मैदान में SIR आ कथित ‘वोट चोरी’ के विरोध में कांग्रेस के विशाल रैली आयोजित भइल। एह रैली में लोकसभा में नेता प्रतिपक्ष आ कांग्रेस सांसद राहुल गांधी जनता के संबोधित कइलें। एह दौरान राहुल गांधी आरएसएस आ भाजपा पs जोरदार हमला बोललें। उनकर आरोप रहे कि चुनाव आयोग (EC) भाजपा खातिर काम करत बा। राहुल गांधी कहलें कि जब ऊ चुनाव आयोग से सवाल पूछलें, तs आयोग कवनो जवाब ना देलस।
राहुल गांधी अपना भाषण में कहलें, “जब हम एह रैली में आवत रहीं, तs हमरा के बतावल गइल कि अंडमान-निकोबार में मोहन भागवत बयान देले बाड़ें। गांधीजी कहले रहस कि सत्य सबसे जरूरी चीज हs, हर धर्म में सत्य के सबसे ऊपर मानल गइल बा। बाकिर मोहन भागवत कहत बाड़ें कि दुनिया सत्य के ना, शक्ति के देखेला, जेकरा लगे ताकत बा ओकरा के मानेला। ई आरएसएस के सोच हs। हमनी के विचारधारा, हिंदुस्तान के सोच आ हर धरम के संदेश बा कि सत्य सबसे ऊपर बा। बाकिर आरएसएस आ भाजपा खातिर सत्ता सबसे जरूरी बा।”
राहुल गांधी आगे दावा कइलें कि “हम सत्य के संगे खड़ा बानी आ सत्य के रास्ता पर चलत नरेंद्र मोदी, अमित शाह आ आरएसएस-भाजपा सरकार के सत्ता से हटाएम। ई हमार गारंटी बा।”
चुनाव आयोग पs गंभीर आरोप
राहुल गांधी आरोप लगवलें कि भाजपा सत्ता के दुरुपयोग करत बिया। “भाजपा के लगे सत्ता बा, ऊ लोग वोट चोरी करत बा, चुनाव के समय पईसा बांटल जात बा। चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार, डॉ. सुखबीर सिंह संधू आ डॉ. विवेक जोशी सब केहू भाजपा सरकार के संगे मिल के काम करत बा। प्रधानमंत्री मोदी कानून बदल देलें, नया कानून ले अइलें, जवना से चुनाव आयुक्त पs कवनो कार्रवाई ना हो सके। बाकिर जब हमनी के सरकार आई, तs ई कानून बदली आ सच्चाई के खिलाफ खड़ा लोग पs कार्रवाई होई।”
प्रियंका गांधी वाड्रा के हमला
रैली में कांग्रेस सांसद प्रियंका गांधी वाड्रा केंद्र सरकार पs हमला बोलली। ऊ कहली, “आज संसद में मुश्किल से एक सत्र में एगो-दुगो बहस होला। जब राहुल गांधी आ खरगे चुनाव, SIR आ वोट चोरी पs बहस के मांग कइल, तs भाजपा घबरा गइल। बेरोजगारी, महंगाई, पेपर लीक जइसन गंभीर मुद्दा पs बहस करे के हिम्मत सरकार में नइखे।”
प्रियंका गांधी आगे कहली कि “हम भाजपा के चुनौती देत बानी कि ईमानदारी से चुनाव लड़ के देखावे, बैलेट पेपर से चुनाव करावे। भाजपा खुद जानेले कि निष्पक्ष चुनाव भइला पs ऊ कबो जीत ना सकेले।”
एह रैली के माध्यम से कांग्रेस साफ एह बात के संकेत देलस दिहलस कि चुनाव प्रक्रिया, लोकतंत्र आ संस्थानन के स्वतंत्रता के मुद्दा पs पार्टी अब सड़क से संसद तक संघर्ष तेज करी।
Read Also: Bondi Beach Firing : ऑस्ट्रेलिया के मशहूर बॉन्डी बीच पs गोलीबारी, दु गिरफ्तार; शूटर सहित दस के मौत






