[the_ad_group id="30365"]

Bondi Beach Firing : ऑस्ट्रेलिया के मशहूर बॉन्डी बीच पs गोलीबारी, दु गिरफ्तार; शूटर सहित दस के मौत 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। सिडनी के मशहूर बॉन्डी बीच पs दुगो हथियारबंद लोगन के ओर से सामूहिक गोलीबारी कइल गइल। गोली चलला के खबर मिलतही पुलिस फौरन एक्शन में आ गइल। कइयन राउंड के फायरिंग भइला के बाद बीच पs मौजूद लोगन में भगदड़ मच गइल। ऑस्ट्रेलियाई पुलिस अतवार के ई जानकारी सब केहू के सोझा रखलस।

सिडनी मॉर्निंग पोस्ट के रिपोर्ट के मोताबिक, एह गोलीकांड में शूटर सहित कुल दस लोगन के मौत हो गइल बा। जानकारी अनुसार, यहूदी पर्व हनुक्का मनावे खातिर सइयन से जादे लोग बॉन्डी बीच पs जुटल रहे। ओही दौरान हमलावर अचानक गोली बरसावे लगलें सs।

ऑस्ट्रेलियाई पुलिस के मोताबिक, घटना के बाद दु लोगगिरफ्तार कइल गइल बा। न्यू साउथ वेल्स पुलिस सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs बतवलस कि पुलिस के जांच अभियो जारी बा आ लोगन से अपील कइल जा रहल बा कि ऊ लोग एह इलाका से दूर रहे। पुलिसकर्मी मौका पs तैनात बा लोग आ जइसहीं आउर जानकारी मिली, अपडेट दिहल जाई।

सोशल मीडिया पs वायरल वीडियो में देखल जा सकेला कि बॉन्डी बीच पs लोग जान बचावे खातिर भाग रहल बा। बैकग्राउंड में गोली चलला के आवाज आ पुलिस सायरन साफ सुनाई दे रहल बा। हालांकि रॉयटर्स के ओर बतवाल गइल बा कि ऊ एह वीडियो के स्वतंत्र रूप से पुष्टि नइखे करत।

गार्जियन के रिपोर्ट अनुसार, ओकर पत्रकारन द्वारा देखल गइल वीडियो में काला कपड़ा पहिनले दुगो लोग बीच के सटले एगो पुल लगे गोलीबारी करत नजर आइल। लगभग एक दर्जन राउंड फायरिंग के आवाज सुनाई देलस, जवना के बाद लोग चीखत-चिल्लात एने-ओने भागे लागल।

न्यू साउथ वेल्स पुलिस एक्स पs ताजा पोस्ट में बतवलस कि बॉन्डी बीच पs दु लोग के पुलिस हिरासत में लिहल गइल बा। हालांकि पुलिस अभियान अभियो जारी बा। लोगन से बेर-बेर अपील कइल जा रहल बा कि ऊ लोग एह इलाका से दूर रहे आ पुलिस के निरदेस के पालन करे। पुलिस साफ चेतावनी देले बिया कि कवनो आदमी पुलिस के ओर से बनावल घेराबंदी पार ना करे।

पुलिस ईहो बतवलस कि डोवर हाइट्स इलाका में कवनो तरे के घटना के खबर नइखे। संगही लोगन से अपील कइल गइल बा कि अफवाह ना फइलावे।

Read Also: UP BJP President : पंकज चौधरी बनलें प्रदेश भाजपा अध्यक्ष, सीएम योगी के मौजूदगी में भइल ऐलान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]