Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चुनाव के बाद पहिला बेर रायबरेली पहुंचले राहुल गांधी, हनुमान मंदिर में कइले दर्शन

31
Google Ads 300*250 for posts

 

कांग्रेस नेता अवुरी नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी आज चुनाव के बाद पहिला बेर अपना लोकसभा क्षेत्र रायबरेली पहुंचले। एकरा से पहिले उs लखनऊ एयरपोर्ट पहुच गईले। इहाँ से उs फेरु सड़क मार्ग से रायबरेली खातिर रवाना हो गईले। रायबरेली पहुंचे से पहिले उs जिला के सीमा पs स्थित चूरूवा हनुमान मंदिर में बजरंगबली के आशीर्वाद लेले। एकरा बाद उs सीधा भुएमऊ गेस्ट हाउस पहुंचले। बता दीं कि चुनाव जीतला के बाद राहुल गांधी के रायबरेली के इs पहिला यात्रा हs। रायबरेली में उs कांग्रेस पार्टी के नेता अवुरी कार्यकर्ता से मुलाकात करीहे। एकरा अलावे जिला प्रशासन के संगे बैठक भी हो सकता। राहुल गांधी के अपना इलाका में चलत परियोजना के जानकारी मिल जाई.

शहीद कैप्टन अंशुमान सिंह के परिवार से मुलाकात

रायबरेली गईला के बाद नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी भी इहाँ शहीद कैप्टन अंशुमान सिंह के परिवार के लोग से भेंट करीहे। बता दीं कि हाल ही में शहीद कैप्टन सिंह के कीर्ति चक्र से सम्मानित कइल गइल। उनुकर महतारी अवुरी पत्नी के इs सम्मान राष्ट्रपति से मिलल रहे। शहीद अंशुमान सिंह के पत्नी अवुरी महतारी के इs सम्मान पावे के वीडियो भी वायरल हो गईल। अयीसना में अब राहुल गांधी भी शहीद के पत्नी अवुरी महतारी से मिले जईहे। एकरा बाद राहुल गांधी भूमौ गेस्ट हाउस में कांग्रेस कार्यकर्ता आ तरह तरह के प्रतिनिधिमंडल से भेंट करीहें.

बता दीं कि राहुल गांधी उत्तर प्रदेश के रायबरेली आ केरल के वायनाड सीट से लोकसभा चुनाव लड़ले रहले. उs दुनो सीट से चुनाव जीतले। नियम के मुताबिक उनुका दुनो सीट में से एगो सीट छोड़े के पड़ल। अयीसना में राहुल गांधी रायबरेली सीट से सांसद बने के फैसला के वायनाड सीट छोड़ देले बाड़े। अब रायबरेली से सांसद बनला के बाद उs पहिला बेर अपना संसदीय क्षेत्र में पहुंचले। हालांकि मीडिया के लोग राहुल गांधी से बात करे के कोशिश कईले, बाकिर राहुल गांधी बिना बात कईले सीधा गेस्ट हाउस में घुस गईले। राहुल गांधी शाम 5:00 बजे ले रहिहे अवुरी ओकरा बाद चल जइहें।

 

 

 

889040cookie-checkचुनाव के बाद पहिला बेर रायबरेली पहुंचले राहुल गांधी, हनुमान मंदिर में कइले दर्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.