राहुल गांधी कइले लोको पायलट्स से मुलाकात, संसद में उठइहें एs लोगन के समस्या

Minee Upadhyay

 

लोकसभा में विपक्ष के नेता राहुल गांधी बियफे के दिने ट्रेन चलावे वाला लोको पायलटन से भेंट कइलन आ भरोसा दिअवले कि ऊ ‘रेलवे के निजीकरण’ आ बहाली के कमी के मुद्दा उठाईहें. कांग्रेस के मुताबिक राहुल गांधी दुपहरिया में नई दिल्ली रेलवे स्टेशन पs भारत भर के करीब 50 लोको पायलट से मुलाकात कईले। एह बईठक के दौरान लोको पायलट बतवले कि उनुका आराम करे खातीर पर्याप्त समय नईखे मिलत। कांग्रेसो एह बइठक के वीडियो आ तस्वीर जारी कइलस.

लोको पायलट लोग ई शिकायत कइले बा

पार्टी के मुताबिक, लोको पायलट के शिकायत बा कि उs लोग लंबा दूरी के ट्रेन चलावेले अवुरी अक्सर बिन ब्रेक के वापस ड्यूटी पs भेजल जाले।उs कहले कि एकरा से जादा तनाव अवुरी एकाग्रता में कमी आवेला जवन कि दुर्घटना के प्रमुख कारण होखेला। कांग्रेस कहलस कि एकरा के रेलवे कई गो रिपोर्ट में मान लिहले बिया जवना में विशाखापत्तनम में भइल हादसा के हाल के जाँच शामिल बा. पार्टी कहलस कि, लोको पायलट के मांग बा कि एक सप्ताह में 46 घंटा आराम मिल जाए। मतलब कि शुक के दुपहरिया में घरे लवटल ट्रेन के चालक अतवार के सबेरे से पहिले ड्यूटी पs लवट आई।

राहुल गांधी लोको पायलट के समस्या संसद में उठइहें

राहुल गांधी लोको पायलटन से बतवलन कि रेलवे के निजीकरण आ बहाली के कमी के मुद्दा लगातार उठावत आइल बाड़न. कांग्रेस कहलस कि, राहुल गांधी एs लोग के चिंता सुनले अवुरी पर्याप्त आराम के मांग के पूरा समर्थन कईले। उs उम्मीद जतवले कि एहसे दुर्घटना में काफी कमी आई। विपक्ष के नेता के रूप में उs सरकार के सोझा ओ लोग के मांग उठावे के वादा कईले।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।