कोयला तस्करी मामिला में कानून मंत्री के घरे CBI डरलस छापा, चार ठो दुसरो ठिकाना पर पहुंचल जांच एजेंसी

Share

पश्चिम बंगाल कोयला तस्करी मामिला में सीबीआई के टीम बुध के बड़ कार्रवाई कइलें बा। सीबीआई के टीम आसनसोल स्थित ममता सरकार में कानून मंत्री मलय घटक के आवास पs छापा मरले बा। एकरे अलावा कोलकाता के चार ठिकानन पर भी सीबीआई के अधिकारी पहुंचल बाड़ें। बतावल जा रहल बा कि सब ठिकाना मलय घटक से जुडल बा। सीबीआई के टीम इहवाँ तलाशी अभियान जारी रखले बा।

एसे पहिले ईडी के टीम दो सितंबर के मलय घटक के समन भेजले रहे। उ कोयला घोटाला के मामले में पूछताछ खातिर 14 सितंबर के तलब कइल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-