खोराबार टाउनशिप योजना आ मेडिसिटी लांच: CM योगी बोललें, जमीन-मकान चाहीं तs केहू के झांसा में मत आईं, GDA जाईं 

Anurag Ranjan

गोरखपुर: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि आवास आ जमीन खातिर केहू के झांसा में अइला के जरूरत नइखे। जदि एकर जरुरत बा तs जीडीए जाई आ आपन पंजीकरण कराई। उहां सस्ता दर पs आवास उपलब्ध होई।

मुख्यमंत्री मंगर के जीडीए के बहुप्रतीक्षित खोराबार टाउनशिप आ मेडिसिटी परियोजना के भूमि पूजन आ शिलान्यास के बाद उपस्थित लोगन के संबोधित करत रहलें। मुख्यमंत्री कहलें कि गोरखपुर, गोरखपुर के रूप में विकसित हो रहल बा। शहर के चारो ओर रिंग रोड बन रहल बा। आवे वाला समय में आउरो नया परियोजना आई।

कहलें कि गोरखपुर रेलवे स्टेशन के एयरपोर्ट के तर्ज पs विकसित कइल जाई। बाहर के दृश्य गोरखपुर के आभास कराई। एकरा के लेके योजना तइयार हो गइल बा। गोरखपुर एयरपोर्ट के विस्तार कइल जाई। नया योजना अइला से रोजगार के अवसर पैदा होई।

विकास के खली रास्ता

सीएम योगी आगे कहलें कि ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट में गोरखोपुर खातिर हजारन करोड़ के निवेश प्रस्ताव प्राप्त भइल बा। एह उद्योगन के लगला से रोजगार मिली। संस्थानन के अइसन पाठ्यक्रम तइयार करे के चाहीं जवना से इहां के युवा कुशल हो सके लो। कुशल नवहन के अपना घर में रोजगार मिली, ओह लोगन के बाहर ना जाये के पड़ी। इहे रोजगार करी लोग आ इहवें खर्च करी लोग जवना से क्षेत्र के आउर विकास होई।

बता दीं कि मुख्यमंत्री मंगर के वासंतिक नवरात्र के पावन अवसर पs खोराबार टाउनशिप योजना आ मेडिसिटी के लांच कइलें। गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) के तरफ से शहर में नया आवासीय जरूरतन के पूरा करे खातिर खोराबार टाउनशिप आ एगो परिधि विशेष में उच्च स्तरीय आ विविधतापूर्ण चिकित्सा सेवा उपलब्ध करावे खातिर मेडिसिटी के प्रोजेक्ट तइयार कइल गइल बा।

एही कार्यक्रम में मुख्यमंत्री, जीडीए, अवस्थापना आ त्वरित आर्थिक विकास निधि के 3838 करोड़ रुपिया के 147 विकास परियोजनन के शिलान्यास आ लोकार्पणो कइलें। 109.25 एकड़ के खोराबार टाउनशिप में भूखंड आ बहुमंजिला भवन, दुनुये सुविधा लोगन के सोझा विकल्प के रूप में होई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।