Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली में ‘मंथन’, यूपी में बदल गइल तस्वीर, संगे – संगे नजर अइले सीएम योगी आ दुनो डिप्टी CM

683
Google Ads 300*250 for posts

UP BJP: भाजपा विधान पार्टी के बइठक सोमार का दिने लखनऊ के लोकभवन में भइल. एह बइठक में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, उप सीएम केशव प्रसाद मौर्य आ उप सीएम ब्रजेश पाठक भी मौजूद रहलें।

उत्तर प्रदेश विधानसभा में आज से मानसून सत्र शुरू। एकरा से पहिले सोमवार के लखनऊ के लोकभवन में भाजपा विधान पार्टी के बैठक भईल। एह बइठक में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, उप सीएम केशव प्रसाद मौर्य आ उप सीएम ब्रजेश पाठक भी मौजूद रहलें। लोकसभा चुनाव के नतीजा के बाद इ पहिला मुलाकात रहे, जवना में सीएम योगी, ब्रजेश पाठक आ केशव प्रसाद मौर्य एक संगे देखाई देले। पछिला कुछ दिन से दिल्ली में लगातार होखत बैठक के बाद इ तस्वीर आईल बा, जवन कि पार्टी के तौर प महत्वपूर्ण बा। कुछ समय से अटकल लगावल जाता कि भाजपा के यूपी यूनिट में सबकुछ ठीक नईखे चलत।

बैठक में सीएम योगी कहले कि, ‘सब दल के सहयोगी के स्वागत बा।’ पिछला 7 साल में मोदी जी के मार्गदर्शन में जवन ऊंचाई हासिल भइल बा ऊ अभूतपूर्व,अविस्मरणीय आ अनुकरणीय बा सदन के कार्यवाही सुचारू रूप से चले के चाहीं आ सगरो माननीय सदस्यन के चाहे सत्ताधारी दल में होखे भा विपक्ष में, उत्तर प्रदेश के विकास में सहयोग मिले के चाहीं । एकरा खातिर हम सभे माननीय जनप्रतिनिधि लोग से अपील करब। खास कर के हम विपक्षी साथियन से कहब कि जवना मुद्दा पर ऊ लोग चाहत होखे ओकरा पर सदन के ध्यान अपना ओर खींचे। सरकार राज्य के जनता से जुड़ल हर समस्या के समाधान खातीर प्रतिबद्ध बिया। सदन के मंजिल चर्चा खाती होई आ एकर जवाब देवे खातीर सरकार पूरा तरीका से मौजूद रही। कार्यवाही के सुचारू रूप से आगे बढ़े खातिर हम माननीय सदन के सब सदस्यन से आपन सकारात्मक योगदान देवे के अपील करब।

उत्तर प्रदेश विधानसभा के मानसून सत्र सोमार से शुरू हो जाई । मानसून सत्र 29 जुलाई से 2 अगस्त तक चली। एह सत्र में सदन के मेज पर बहुते अध्यादेश आ अधिसूचना राखल जाई । 30, 31 जुलाई आ 1, 2 अगस्त के विधायी काम करावल जाई। यूपी जनपरीक्षा अनुचित साधन निवारण अध्यादेश 2024, उत्तर प्रदेश आपराधिक कानून संशोधन अध्यादेश 2024, यूपी राज्य राजधानी क्षेत्र आ अन्य क्षेत्र विकास परिषद के अध्यादेश 2024, यूपी नाजुल संपत्ति अध्यादेश 2024 आ यूपी कानून संशोधन अध्यादेश सदन में पेश कइल जाई ।30 जुलाई के यूपी सरकार 2024-25 के पहिला पूरक बजट पेश करी।

911100cookie-checkदिल्ली में ‘मंथन’, यूपी में बदल गइल तस्वीर, संगे – संगे नजर अइले सीएम योगी आ दुनो डिप्टी CM

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.