Chardham Yatra : अक्षय तृतीया पs आज होई चारधाम यात्रा के आगाज…खुलल गंगोत्री आ यमुनोत्री धाम के कपाट

Share

आज अक्षय तृतीया पs गंगोत्री आ यमुनोत्री धाम के कपाट खुलला के संगही चारधाम यात्रा के विधिवत सुभारंभ हो जाई। मां गंगा के भोगमूर्ति विग्रह डोली मुखबा गांव से मंगर पूर्वाह्न 11:57 बजे अभिजीत मुहूर्त में गंगोत्री धाम खातिर रवाना भइल।

मां गंगा के विग्रह डोली रात के भैरो घाटी में विश्राम करी। बुध के सबेरे अक्षय तृतीया पs मां गंगा के डोली गंगोत्री धाम पहुंची। जहां विधिविधान के संगे सबेरे 10:30 बजे मंदिर के कपाट खोल दिहल जाई।

ओहिजा, यमुनोत्री धाम में मां यमुना के आगमन आ मां यमुना के मायका खरसाली गांव में यमुना जी के विदाई के तइयारी जोरन पs बा। अक्षय तृतीया के पावन परब पs मां यमुना के डोली सबेरे 8:30 बजे शीतकालीन प्रवास खरसाली गांव से यमुनोत्री धाम खातिर रवाना होई आ धाम में पहुंचके स्नान आदि के बाद 11:55 पs श्रद्धालुअन खातिर मंदिर के कपाट खोल दिहल जाई।

यातायात प्रबंधन के तीन चरण के प्लान

चारधाम यात्रा मार्ग के 15 सुपर जोन, 41 जोन आ 217 सेक्टरन में बांटल गइल बा। पुलिस यात्रा मार्ग पs अबकी बार बार कुल 624 सीसीटीवी कैमरन के सक्रिय कइल गइल बा। जतरा मार्ग पs नव एएसपी आ डीएसपी स्तर के अधिकारियन के अलग-अलग जगहन पs कैंप करे के निरदेस दिहल गइल बा। एकरा संगही एह साल पहिला बेर 10 कंपनी अर्द्धसैनिक बलन के मांग केंद्र सरकार से कइल गइल बा। सबसे महत्वपूर्ण यातायात प्लान के लेके अबकी बेर बड़ तइयारियन के दावा कइल गइल बा।

एह साल पहिलही से प्लान ए, बी आ सी के आधार पs यातायात प्रबंधन कइल जाई। एकरा तहत अलग-अलग मार्गन पs भीड़ आ अत्यधिक भीड़ होखला पs वैकल्पिक मार्गन के चिह्नित कइल गइल बा। एह पs अधिकारियन आ कर्मचारियन के तैनाती कइल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-