पटना। पटना के अस्पताल में गैंगस्टर चंदन मिश्रा के हत्या के ममिला में ड्यूटी में लापरवाही बरतला के आरोप में 5 पुलिसकर्मियन पs गाज गिरल बा। एह ममिला में पांच पुलिसकर्मियन के निलंबित कs दिहल गइल बा। ई जानकारी एगो पुलिस अधिकारी द्वारा दिहल गइल बा।
बता दीं कि पटना के पारस एचएमआरआई अस्पताल के प्राइवेट वार्ड में घुसके पैरोल पs आइल गैंगस्टर चंदन मिश्रा के हत्या कs दिहल गइल रहे।
सुक के बिहार एसटीएफ आ पटना पुलिस के संयुक्त टीम पश्चिम बंगाल में हत्याकांड में सामिल छव गो आरोपियन के गिरफ्तार कइलस।
गिरफ्तार आरोपियन से पश्चिम बंगाल में पूछताछ कइल जा रहल बा, कानूनी प्रक्रिया के बाद ओकनी के पटना ले आवल जाई। कुछ आउर आरोपियन के ठिकानन के जानकारी मिलल बा, उहां छापेमारी कइल जा रहल बा। एह घटना में सबसे पहिले तौसीफ रजा उर्फ बादशाह के नाम सामने आइल रहे।
उल्लेख जोग बा कि पटना के पारस एचएमआरआई अस्पताल में बियफे के भइल हत्या के बाद कुख्यात चंदन मिश्रा के शव देर रात ओकरा गांवे ले आवल गइल। रात में जिला मुख्यालय में ओकरा अंतिम संस्कार के तइयारी रहे, बाकिर अइसन ना हो सकल।
एकरा के लेके स्थानीय प्रशासन के खिलाफ विरोधो भइल। एकरा बाद परिजन शव के औद्योगिक थाना क्षेत्र इस्थित पैतृक गांव सोनबरसा ले गइल लो। सुक के सबेरे ओकर पार्थिव देह उसी क्षेत्र के ब्यास के डेरा गांव के लगे गंगा नदी में विसर्जित कs दिहल गइल। एकरा पहिले ओकर पिता मंटू मिश्रा चिता के मुखाग्नि देलें, बाकिर शव के अंतिम संस्कार ना कइल गइल।
Read Also : चउथा टेस्ट में के लिही जसप्रीत बुमराह के जगह, भारतीय दिग्गज एह गेंदबाज के नाम सुझवलें