[the_ad_group id="30365"]

Patna Hospital Murder Case: पटना के अस्पताल में हत्या मामले में कार्रवाई, बंगाल के न्यू टाउन से पांच गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार के राजधानी पटना के एगो अस्पताल में गैंगस्टर के हत्या के सिलसिला में कोलकाता के लगे न्यू टाउन से कम से कम पांच लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा। पुलिस सनिचर के बतवलस कि पटना पुलिस आ पश्चिम बंगाल एसटीएफ के ओर से सनिचर के भोर में संयुक्त रूप से कइल गइल छापेमारी के बाद आरोपियन के महानगर के सैटेलाइट टाउनशिप इस्थित एगो आवासीय परिसर से गिरफ्तार कइल गइल।

पुलिस के हाथे कुछ तस्वीर लागल रहे

एकरा पहिले बिहार के राजधानी पटना इस्थित पारस अस्पताल में उपचाराधीन कुख्यात अपराधी चंदन मिश्रा के गोली मारके हत्या के ममिला में पुलिस के हाथे कुछ तस्वीर लागल रहे। अस्पताल में लागल सीसीटीवी फुटेज से कुछ तस्वीर सामने आइल रहे। तस्वीरन में अपराधी बाइक पs सवार होके हाथ में बंदूक लहरावत नजर आ रहल बाड़ें सs। पुलिस के मोताबिक, ई तस्वीर सायद वारदात के अंजाम देला के बाद के हs।

मुख्य अपराधी के पहचान तौसीफ बादशाह के रूप में भइल

घटना में संलिप्त मुख्य अपराधी के पहचान तौसीफ बादशाह के रूप में भइल, जवन फुलवारी शरीफ के रहे वाला बा। उ पेशा से कॉन्ट्रैक्ट किलर हs। पुलिस ई पता लगावे के कोसिस कs रहल बा कि तौसीफ आपन पुरान दुश्मनी के बदला लेवे खातिर एह वारदात के अंजाम देलस भा केहू ओकरा के अइसन करे खातिर सुपारी देले रहे। एकरा अलावे तौसीफ पs आर्म्स एक्ट के तहत ममिला दर्ज बा।

सब हत्यारोपियन के पहचान कs लिहल गइल रहे

वारदात में सामिल सब हत्यारोपियन के पहचान कs लिहल गइल रहे। तौसीफ के अलावे आकिब मलिक, सोनू, कालू उर्फ मुस्तकीम आ भिंडी उर्फ बलवंत सिंह वारदात में सामिल रहे लो। एसएसपी कार्तिकेय शर्मा खुद जानकारी देले रहस।

Read Also : UP News : प्रदेश के होम्योपैथी मेडिकल स्टोर के लाइसेंसन के होई जांच, सामने आइल रहे गड़बड़ी; होई कार्रवाई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]