Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कानून-व्यवस्था के चुनौती? यूपी में जेल से पेशी पऽ आइल बंदी कचहरी में बनवलस Reel, मौन रहले पुलिसकर्मी

168

गोरखनाथ थाना एगो दोकानदार के हत्या के कोशिश के मामला में हिमांश के जेल भेज देले रहे। कोर्ट के लॉकअप से कोर्ट में हाजिर होखे के समय ओकर साथी वीडियो बनावत रहे, जवना में कैदी अभिवादन करत आगे बढऽ ता। ई रील इंस्टाग्राम पs पोस्ट कइल गइल बा। वीडियो के अबहीं तक बहुत लाइक मिलल बा।

कैदी हिमांशु सिंह के जेल से कोर्ट में हाजिर होखे के वीडियो इंटरनेट मीडिया प तेजी से फइलल जाता। गोरखनाथ थाना ओकरा के एगो दोकानदार के हत्या के कोशिश के आरोप में जेल भेज देले रहे। वीडियो में देखल जाता कि कोर्ट के लॉकअप से कोर्ट में पेश होखे खातिर जाके उनकर साथी अइसन वीडियो बनावत बा, जवना में उ लोग के अभिवादन करत आगे बढ़ रहल बा।

पास में मौजूद पुलिसकर्मी ओकरा हरकत के देखत बाड़े, बाकिर चुप बाड़े। तोहार का नाम हो, करेलऽ कवन काम हो, फोटो छपल बा अखबार में, पूछेले जवन बतिया, धड़केला हमार छतिया गाना पs बनल ई रील इंस्टाग्राम पर पोस्ट कइल गइल बा। वीडियो के अबहीं तक बहुत लाइक मिलल बा।

कानून व्यवस्था आ सुरक्षा के चुनौती देवे वाला ई वीडियो के बारे में जानकारी सोझा अइला के बाद पुलिस जांच शुरू कऽ देले बिया। जांच में पाता चलल कि गोरखनाथ थाना 11 मई 2024 के हिमांशु सिंह के हत्या के कोशिश आ मारपीट के मामला में जेल भेज देले रहे। अखबार में छपल खबरो के रील में जोड़ दिहल गईल बा।

 ई बा पूरा मामला

गोरखनाथ के राजेन्द्रनगर पश्चिम तुरहाबारी निवासी जयराम चौहान वृंदावन गेट के लगे किराया के इमारत में किराना के दुकान चलावेले। दोकान वाला पगड़ी के पइसा ओकरा से पहिलहीं ले लेले रहे। आरोप बा कि फेर से पगड़ी मांगे वाला दोकान मालिक जयराम के बतकही खाती उनका के घरे बोलवले, जहां बकझक के बाद हिमांशु सिंह जयराम के पेट में चाकू से हमला कऽ देलें। एह मामला में गोरखनाथ थाना हिमांशु समेत तीन लोग के खिलाफ हत्या के कोशिश, मारपीट अउरी धमकी देवे के मामला दर्ज कइले बिया।

879190cookie-checkकानून-व्यवस्था के चुनौती? यूपी में जेल से पेशी पऽ आइल बंदी कचहरी में बनवलस Reel, मौन रहले पुलिसकर्मी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.