एजुकेशन डेस्क। सीबीएसई दसवीं कंपार्टमेंट एग्जाम 2025 में भाग लेवे वाला स्टूडेंट्स के रिजल्ट जारी होखे के बेसब्री से इंतजार होत रहे जवन खत्म हो गइल बा। केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) के ओर से 10th सप्लीमेंट्री रिजल्ट (CBSE 10th Compartment Result 2025) आज घोषित कs दिहल गइल। पिछलका बरिस 10वीं सप्लीमेंट्री रिजल्ट 5 अगस्त के जारी भइल रहे।
कहां आ कइसे चेक कइल जा सकत बा नतीजा
सीबीएसई के ओर से 10वीं कक्षा के रिजल्ट ऑनलाइन माध्यम से ऑफिशियल वेबसाइट results.cbse.nic.in पs जारी कइल गइल। नतीजन के घोषणा होखला के बाद अब एग्जाम में भाग लेवे वाला स्टूडेंट्स ऑनलाइन रिजल्ट चेक कs सकत बा आ मार्कशीट के डिजिटल कॉपी डाउनलोड कs सकत बा लो। रिजल्ट चेक करे खातिर स्टेप्स निम्नलिखित बा-
- सीबीएसई कक्षा 10वीं कंपार्टमेंट रिजल्ट चेक करे खातिर सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट results.cbse.nic.in पs विजिट करे के होई।
- वेबसाइट के होम पेज पs रउआ सेकेंडरी रिजल्ट लिंक पs क्लिक करे के होई।
- एकरा बाद रउआ रोल नंबर, स्कूल नंबर, एडमिट कार्ड आइडी आ सिक्योरिटी पिन दर्ज करे के होई ।
- अब स्क्रीन पs रिजल्ट ओपन हो जाई जहां से रउआ एकरा के चेक कइला के संगही मार्कशीट के प्रति डाउनलोड कs सकत बानीं।
एसएमएसो से चेक कइल जा सकत बा परिणाम
ऑफिशियल वेबसाइट के संगही स्टूडेंट्स SMS के जरिये रिजल्ट के जांच कs सकत बा लो। एकरा खातिर CBSE10 (रोल नंबर, डेट ऑफ बर्थ) (स्कूल नंबर) (सेंटर नंबर) लिखके 7738299899 पs भेजे के होई। छात्र जन्मतिथि के DDMMYYYY फॉर्मेट में दर्ज करे।
वेबसाइट में एसएमएस के अतिरिक्त स्टूडेंट्स रिजल्ट के जांच Interactive Voice Response System (IVRS) के माध्यम से चेक कs सकी लो। एकरा खातिर 24300699 पs कॉल कs सकते बानीं। एकरा अतिरिक्त स्टूडेंट्स डिजिलॉकर आ उमंग एप से नतीजन के जांच कs सकत बा।
संशोधित मार्कशीट स्कूल से कs सकेम प्राप्त
सीबीएसई के ओर से रिजल्ट जारी होखला के कुछ दिन बाद संशोधित मार्कशीट छात्रन के स्कूल में भेज दिहल जाई। एकरा बाद विद्यार्थी अपना विद्यालय में क्लास टीचर भा प्रिंसिपल से मिलके ओरिजिनल मार्कशीट प्राप्त कs पाएम। सब छात्र ध्यान रखे लो कि कंपार्टमेंट एग्जाम में प्राप्त अंक अंतिम मानल जाई आ ओहिजा अंक मार्कशीट में दर्ज होई। एग्जाम से जुड़ल लेटेस्ट अपडेट खातिर छात्रन के समय-समय पs वेबसाइट पs विजिट करे के सलाह दिहल जाला।