Bihar: बिहार के राजनीति में सियासी तूफान के आशंका, सीबीआई दोबारा खोललस लालू के खिलाफ भ्रष्टाचार के केस

Share

सीबीआई राजद सुप्रीमो आ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव के खिलाफ भ्रष्टाचार के एगो केस के दोबारा खोले के फैसला कइले बा। बिहार सीएम नीतीश कुमार के भाजपा से अलग होके राजद के संगे गठबंधन में सामिल होखला के बाद सीबीआई के एह डेग से राज्य में राजनीतिक भूचाल आइल तय बा। गौर करे आला बात बा कि सीबीआई 2018 में लालू यादव के खिलाफ रेलवे प्रोजेक्ट आवंटन ममिला में भ्रष्टाचार के आरोप लगला के बाद जांच सुरू कइले रहे। आरोप रहे कि लालू एह गड़बड़ियन के यूपीए सरकार में रेलवे मंत्री रहला के दौरान कइलें रहस।

एह ममिला में सीबीआई मई 2021 में जांच बंद कs देले रहे। तब रिपोर्ट्स में सामने आइल रहे कि सीबीआई के लालू के खिलाफ आरोपन पs पुख्ता सबूत ना मिलल रहे। एह ममिला में लालू के अलावा उनकर बेटा आ बिहार के डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव आउर उनकर बेटी चंदा यादव के खिलाफ जांच बइठावल गइल रहे।

एह ममिला में कहल गइल रहे कि लालू यादव रेलवे के प्रोजेक्ट्स निजी कंपनी के देवे के एवज में दक्षिणी दिल्ली के एगो प्रॉपर्टी रिश्वत के तौर पs हासिल कइले रहस। आरोप रहे कि ई निजी कंपनी एगो शेल कंपनी के माध्यम से प्रॉपर्टी बहुते कम दाम में किनलस आ फेर एह शेल कंपनी के तेजस्वी यादव आ लालू यादव के संबंधी किन लिहल लोग। शेल कंपनी के किने खातिर महज चार लाख रुपिया के राशि शेयर ट्रांसफर के जरिए चुकावल गइल।

बिहार में जदयू आ राजद गठबंधन लगातार केंद्र सरकार द्वारा केंद्रीय एजेंसियन के गलत इस्तेमाल के आरोप लगावत रहेला। एह बीच लालू के खिलाफ केस दोबारा खुलला के खबरन से राज्य में एक बेर फेर सियासत गरम होखे के आशंका बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-