565 करोड़ के चिटफंड घोटाला में CBI के बड़ कार्रवाई, कोलकाता से चार लोग के कइल गइल गिरफ्तार

Share

केंद्रीय जांच ब्यूरो (CBI) कोलकाता में कंपनियन के एगो पूर्व डिप्टी रजिस्ट्रार अउरी तीन अन्य के चिटफंड घोटाला के जांच के सिलसिला में गिरफ्तार कइले बा। गिरफ्तार लोग में एगो संस्थापक निदेशक अउरी निजी कंपनियन के दू क्षेत्रीय प्रबंधक शामिल बानें। एजेंसी कहलस कि उ कोलकाता में कंपनियन के तत्कालीन डिप्टी रजिस्ट्रार सुभा कुमार बनर्जी, एगो कंपनी के तत्कालीन संस्थापक निदेशक लक्ष्मण श्रीनिवासन अउर दू अन्य लोग के गिरफ्तार कइले बा। आरोप बा कि ओडिशा में लोग के लुभावे खातिर 565 करोड़ रुपया के जमा राशि अवैध रूप से जमा कइल गइल रहे, उच्च रिटर्न के वादा कइल गइल रहे लेकिन परिपक्वता राशि के भुगतान नाइ कइल गइल बा।

गिरफ्तार कइल गइल चारों लोग कथित तौर पर पोंजी योजना से जुड़ल रलें। एगो बयान में कहल गइल बा कि गिरफ्तार कइल गइल चारों लोग कथित तौर पर पोंजी योजना से जुड़ल रहनें अउरी उनके आर्थिक लाभ मिलल रहे। कंपनी के तत्कालीन डिप्टी रजिस्ट्रार कथित तौर पर इन्फिनिटी रियलकॉन लिमिटेड अउरी उनके प्रबंध निदेशक प्रणब मुखर्जी के अवैध जमा संग्रह व्यवसाय के सुविधा देहले रहे।

बता देई कि सीबीआई 2014 में सुप्रीम कोर्ट के आदेश के अनुपालन में एगो निजी कंपनी के तत्कालीन प्रबंध निदेशक अउर अन्य के खिलाफ मामला दर्ज कइले रहे अउरी ओडिशा के बालासोर जिले में दर्ज मामिला के जांच अपने हाथ में ले लेहले रहल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-