सेंट्रल डेस्क। कनाडा के पील इलाका में पुलिस ‘प्रोजेक्ट 24K’ के तहत बड़ कार्रवाई करत एक आउर आरोपी के गिरफ्तार कइले बिया। ई ममिला 20 मिलियन डॉलर (लगभग 180 करोड़ रुपिया) के सोना के इटा चोरी से जुड़ल बा, जवन कनाडा के इतिहास के अब तक के सबसे बड़ गोल्ड चोरी कांड बतावल जा रहल बा।
पुलिस के मोताबिक, 43 बरिस के अरसलान चौधरी के टोरंटो पियर्सन इंटरनेशनल एयरपोर्ट से गिरफ्तार कइल गइल। ऊ दुबई, संयुक्त अरब अमीरात से फ्लाइट पकड़ के कनाडा आवत रहे। पुलिस बतवलस कि आरोपी के कवनो स्थायी पता नइखे।
कइसे भइल कनाडा में 20 मिलियन डॉलर के सोना चोरी?
घटना 17 अप्रिल 2023 के बा, जब स्विट्जरलैंड के ज्यूरिख से आवे वाला विमान टोरंटो पियर्सन अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पs उतरल। एह फ्लाइट में करीब 400 किलो सुद्ध (.9999) सोना रहे, जवन करीब 6,600 सोने के ईंट के बराबर बा। एह सोना के कीमत 20 मिलियन डॉलर से जादे बतावल गइल। एह खेप के संगे 2.5 मिलियन डॉलर बिदेसी मुद्रा रहे।
हवाई अड्डा पs माल उतरला के बाद ओकरा के एयरपोर्ट के भीतर एगो अलग जगह भेजल गइल, बाकिर कुछ घंटा बादे ई पूरा खेप रहस्यमय तरीका से गायब हो गइल। ममिला सामने आवतहीं पुलिस सीमा पार जांच सुरू कइले आ चोरी के सिलसिला में 10 लोगन के पहचान कइल गइल। कइयन गो आरोपियन पs चार्जशीट दाखिल भइल आ कइयन पs वारंट जारी कइल गइल।
भारत से जुड़ल तार
एह ममिला में ब्रैम्पटन निवासी 33 साल के सिमरन प्रीत पनेसर के नाम सामने आइल बा। ऊ एयर कनाडा के पूर्व कर्मचारी रहल बा। पुलिस के आरोप बा कि पनेसर एयरलाइन सिस्टम में हेरफेर कs के सोना के खेप के पहचान करावल आ ओकरा के गलत दिशा में भेजवावे में मदद कइले रहे। एह ममिला में भारत से जुड़ल कनेक्शन सामने अवला के बाद जांच आउर तेज हो गइल बा।
Read Also:








