Buxar News: पटना-बक्सर NH पऽ देर रात ले चलल पुलिस के ताबड़तोड़ छापामारी

Share

बक्सर में पुलिस के बहुत बड़ सफलता मिलल बा। पुलिस एगो मिनी गन फैक्ट्री के पर्दाफाश कऽ देले बिया। इ फैक्ट्री पटना-बक्सर राजमार्ग के किनारे एगो मकान में अवैध तरीका से काम करत रहे। बड़ पैमाना पs पिस्तौल के निर्माण होखत रहे। पुलिस के एह मिनी फैक्ट्री के बारे में जानकारी मिलल जवना के बाद उऽ कार्रवाई कइलस।

बक्सर पुलिस नया भोजपुर थाना अंतर्गत चंदा गांव में शनिचर के देर रात मिनी गन फैक्ट्री के खोज निकलले बिया। पटना-बक्सर एनएच 922 पs ठीक इस्थित रिटायर्ड शिक्षक वीरेंद्र श्रीवास्तव के घर में बड़ पैमाना पs पिस्तौल के निर्माण बड़ पैमाना पs गैरकानूनी तरीका से होखत रहे।

पुलिस के एकरा बारे में ठोस जानकारी मिलल रहे। एही आधार पs डुमरांव के एसडीपीओ अफक अख्तर अंसारी के नेतृत्व में नया भोजपुर थाना अउरी जिला खुफिया इकाई (डीआईयू) के टीम के मदद से तुरंत छापामारी कइल गइल। मौका से चार हथियार बनावे वाला कारीगर समेत कुल सात लोग के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-