[the_ad_group id="30365"]

Bihar News : पटना में दिनदहाड़े पति पत्नी आ साली के मरलस गोली, फेर खुद कs लेलस सुसाइड, जानीं विवाद के वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना में सनकी जुवक आपन पत्नी आ साली के गोली मार देलस। फेर खुद के गोली मार लेलस। पत्नी के मवके पs मौत हो गइल जबकि साली के हालत गंभीर बा। अस्पताल में भर्ती करवावल गइल बा। घटना बाढ़ अनुमंडल के पंडारक थाना क्षेत्र के बिहारी बीघा गांव के हs। दु-दुगो मौत के बाद इलाका में हड़कंप मच गइल। आसपास के लोगन के भीड़ लाग गइल। एने, सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल आ छानबीन में जुट गइल।

दीपक पिस्टल निकाल लेलस आ पत्नी के गोली मार देलस 

स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि बिहारशरीफ निवासी दीपक कुमार अपना ससुराल में घर जमाई बनके रहत रहे। ओकर पत्नी के दुगो बहिन रहे। साला ना होखला के कारण दीपके देखरेख करत रहे। अतवार के सबेरे दीपक के ओकरा पत्नी लक्ष्मी देवी से विवाद होत रहे। बात एतना बढ़ गइल कि दीपक अचानके पिस्टल निकाल लेलस आ पत्नी के गोली मार देलस। गुड़िया (दीपक के साली) बचाने अइली तs ओकरा के गोली मार देलस। गोलीबारी में लक्ष्मी देवी के मौत हो गइल। गुड़िया के हालत गंभीर बा।

घरेलू विवाद में गोलीबारी के घटना के अंजाम दिहल गइल

गोलीबारी के बाद हड़कंप मच गइल। एने, आसपास के लोगन के घर आवत देख दीपक खुद के गोली मार लेलस।  घटना के सूचना के बाद पुलिस मवका पs पहुंचके ममिला के छानबीन सुरू कs देलस। बाढ़ एसडीपीओ अपराजिता लोहान बतवली कि घरेलू विवाद में गोलीबारी के घटना के अंजाम दिहल गइल बा। बतावल जा रहल बा कि दु महीना से ऊ अपना ससुराले में रहत रहे। पहिले से अपना घर में पत्नी से मारपीट कइले रहे। एकरा बाद ऊ अपना मायके आ गइल रही। दीपक एही से नाराज रहे। ऊ चाहत रहे कि लक्ष्मी ओकरा संगे घरे चलो। बाकिर, लक्ष्मी अइसन ना चाहत रहे। एही बात के लेके विवाद भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]