[the_ad_group id="30365"]

गोमांस खाए के संदेह पs गौरक्षक कुल पीट-पीट के कइले युवक के हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हरियाणा के चरखी दादरी जिला में गोमांस खाए के शक में एगो प्रवासी आदमी के गौरक्षक समूह पीट-पीट के हत्या कs दिहलस। एs मामिला में पांच लोग के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। पुलिस सूत्र शनिचर के इs जानकारी दिहलस।

घटना 27 अगस्त के भईल रहे

एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी के मुताबिक, साबिर मलिक के हत्या 27 अगस्त के भईल रहे। दर्ज मामिला के आधार पs अधिकारी बतवले कि पांच आरोपी मलिक के गोमांस खाए के शक में खाली प्लास्टिक के बोतल बेचे के बहाने एगो दोकान पs बोलवले। उहाँ उनुकर बहुत पिटाई भईल।

आरोपी के नाव सामने आईल

पुलिस आरोपी के अभिषेक, मोहित, रविंदर, कमलजीत अवुरी साहिल के रूप में पहचान कईले बिया। अधिकारी बतवले कि जब आरोपी उनुका के पीटत रहले तs कुछ लोग बीच में आ गईले। एकरा बाद उs लोग साबिर मलिक के दोसरा जगह ले गईले अवुरी फेर उहाँ उनुकर फेर से पिटाई कईले। इहे उनकर मौत के कारण रहे।

गिरफ्तार आरोपी में से दुगो नाबालिग बाड़े

पुलिस के कहनाम बा कि मलिक चरखी दादरी जिला के बांद्रा गांव के लगे एगो झुग्गी-झोपड़ी में रहत रहले। उs आपन रोजी रोटी खातिर कबाड़ बीने के काम करत रहले। अधिकारी के मुताबिक पांचों आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। एs मामला में दु नाबालिग के भी हिरासत में लिहल गईल बा। भारतीय न्याय संहिता (बीएनएस) के संबंधित प्रावधान के तहत आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज भईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]