लखनऊ। उत्तर प्रदेश विधानमंडल के बजट सत्र के सुरुआत आज सोमार से हो रहल बा। सत्र के आगाज राज्यपाल आनंदीबेन पटेल के अभिभाषण से होई। एह अभिभाषण के दौरान विपक्ष, खासकर समाजवादी पार्टी, राज्य सरकार के कइयन गाे मुद्दन पs घेराबंदी करे के मूड में बा। मतदाता सूची के विशेष गहन पुनरीक्षण (एसआईआर), कोडीन कफ सिरप के तस्करी, बिदेस नीति, बेरोजगारी, महिला सुरक्षा, महंगाई जइसन मुद्दा सदन में जोर-शोर से उठे के संभावना बा। सपा के विधायक अभिभाषण के समय हंगामा कs सकेला लोग, एह चलते पहला दिन सदन के माहौल गरम रहे के अंदेसा जतावल जा रहल बा।
बजट सत्र के देखते विधानभवन के सुरक्षा बेवस्था बहुते कड़ा कs दिहल गइल बा। सत्र से पहिले अतवार के दिने सर्वदलीय बैठक आ कार्यमंत्रणा समिति के बैठक भइल, जवना में सब दल सदन के सुचारू संचालन में सहजोग देवे के भरोसा दिलवले रहे। आज सत्र के सुरुआत राष्ट्रगीत ‘वंदे मातरम’ से होई, ओकरा बाद राज्यपाल अभिभाषण पढ़िहें, जवना में सरकार के उपलब्धि आ योजना के जिक्र रही।
राज्यपाल के अभिभाषण के समय विधानसभा आ विधान परिषद के सदस्य विधानसभा के मुख्य मंडप में मवजूद रही लोग। एकरा बाद विधायी कामकाज निपटावल जाई। मंगर के दिन सदन में पूर्व आ वर्तमान दिवंगत सदस्यन के श्रद्धांजलि दिहल जाई, ओकरा बाद कार्यवाही बुध तक स्थगित कs दिहल जाई। बुध के दिन योगी सरकार वित्तीय बरिस 2026-27 के बजट पेश करी।
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले बाड़ें कि सदन में स्वस्थ आ सकारात्मक चरचा होखे के चाहीं। उनका मोताबिक स्वस्थ बहस से प्रदेश के विकास के रास्ता खुलेला आ जनता के समस्या के समाधान निकल सकेला। मुख्यमंत्री सब सदस्यन से अपील कइले बाड़ें कि सदन के संचालन में बाधा ना आवे।
विधानसभा अध्यक्ष सतीश महाना कहले बाड़ें कि सहमति आ असहमति लोकतंत्र के अहम हिस्सा हs। संवाद आ सकारात्मक चरचा से संसदीय बेवस्था मजबूत होला। जरूरत पड़ल तs देर सांझ तक सदन के कार्यवाही चलावल जाई।
सपा के रणनीति तय
बजट सत्र से पहिले राजधानी लखनऊ में सपा विधायक दल के बैठक भइल, जवना में पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव खुद मवजूद रहलें। एह बैठक में तय भइल कि सत्र के पहिला दिन चौधरी चरण सिंह के प्रतिमा पs प्रदर्शन कइल जाई आ ओकरा बाद सदन के भीतर राज्यपाल के अभिभाषण के विरोध कइल जाई। सपा विधायक ‘गो-बैक’ के नारा लगावत पूरा समय विरोध दर्ज कराई लोग।
अखिलेश यादव कहले बाड़ें कि एसआईआर में भारी गड़बड़ी भइल बा, जवना के सदन में जोरदार तरीका से उठावल जाई। संगही महंगाई, भ्रष्टाचार, बेरोजगारी, महिला सुरक्षा, खाद संकट, एमएसपी पs बिचौलिया के खरीद आ कोडीन सिरप के ममिला प्रमुख मुद्दा रही।
अमेरिका से ट्रेड डील पs बोलत अखिलेश यादव कहलें कि ई डील असल में “डील ना, ढील” बा। उनका मोताबिक एकरा से किसान आ एमएसएमई पs संकट बढ़ी आ यूपी के बजट के इस्तेमाल आम जनता के भलाई खातिर सही तरीका से नइखे हो रहल।
भाजपा के तइयारी
विपक्ष के घेराबंदी के जवाब देवे खातिर भाजपा विधानमंडल दल के बैठक में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ विधायक आ मंत्री लोगन के सत्र में नियमित मवजूदगी के निरदेस देलें। उनकर कहनाम बा कि एसआईआर के काम कवनो हालत में प्रभावित ना होखे। उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक आ केशव प्रसाद मौर्य विधायकन से तथ्यन के संगे विपक्ष के जवाब देवे के अपील कइले बाड़ें।
वित्त मंत्री सुरेश कुमार खन्ना कहले बाड़ें कि 11 फरवरी के पेश होखे वाला बजट के हर विधायक गहराई से अध्ययन करे आ पूरा तइयारी के संगे सदन में आवे। कुल मिलाके, बजट सत्र के सुरुआत हंगामा, बहस आ सियासी गरमी से भरपूर रहला के पूरा आसार बा।
Read Also: 09 फरवरी 2026 के राशिफल







