[the_ad_group id="30365"]

21 नवंबर 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 21/11/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

दिन में 07 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन- सोमार।

चित्रा नक्षत्र

रात में 12 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद स्वाति नक्षत्र।

आयुष्मान जोग

रात में 06 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद सौभाग्य जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 22/11/2022

मार्गशीर्ष पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

प्रात: 04 बजके 21  मिनट ले।

दिन- मंगर।

स्वाति नक्षत्र

रात में 10 बजके 58 मिनट ले।

सौभाग्य जोग

रात में 06 बजके57 मिनट ले।

वणिज करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज रुकल धन मिलला से धन संग्रह बढ़ी। आत्मविश्वास के बल पs आगे बढ़ेंम। पारिवारिक सुख-संतोष बनल रही। मनोरंजन के कामन में रुचि बढ़ी। आज अपना वस्तुअन के संभार के रखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अपना स्वास्थ के प्रति लापरवाह मत बनीं। कवनो नाया बेयपार में निवेश करे के जोग बा। आज विद्वानन के संगे रहे के अवसर मिली। लाभदायक सउदा होई। प्रसिद्धि मिली।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

अपना संबंधन के प्रति रउआ लापरवाही कर रहल बानी। बेवसाय में विकास के योजना बन सकत बा। आर्थिक अनुकूलता रहला से सुख के साधन बढ़ी। निजी जिनगी में भाग दउर, के बाद सफलता के संभावना बा। रउआ खातिर शनि देव के आरधना लाभदायक रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 नौकरी में बदलाव चाहत बानी, बाकिर फसीला लेवे में अस्मंजस के इस्थित्ति रही। साहित्य बढ़े में रुचि बढ़ी। संतान के भविष्य के चिंता रही। कारोबार में सोच-समझके लिहल गइल निर्णय शुभ फल दी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

समय के सदुपयोग करीं। आपन संगत बदलीं। दूसर लोगन के बढ़न्ती से दुखी मत होखीं, रउआ मेहनत करीं आ संकुचित मानसिकता बदलीं। बेयपार में हर केहु के बात पs विश्वास मत करीं। अपनन से प्रतिस्पर्धा से बचीं। कानूनी विवाद पक्ष में हल होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

समय पs काम ना होखला से मन अशांत रही। कलात्मक कामन के प्रतिफल मिली। बेयपार के लेके नया योजना बनी। निर्माण काम में सुधार होई। जिनगी में जीवन साथी के भावना के अपमान करे से बचीं। वैवाहिक जिनगी में तनाव रही।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज खान-पान पs नियंत्रण जरूरी बा। बेकार के दिखावन से दूर रहीं। मानसिक शांति के तलाश में रहेम। संतान के बियाह में विलंब से चिंता होई। न्यायालयीन काम आज पूरा होई। बेवसाय में कोसिसन के बावजूद मंदी रही।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

काम के अधिकता रही। नौकरी में मनचाहा स्थानांतरण आ पदोन्नति के जोग बन रहल बा। आर्थिक निवेश सोच-समझके करीं। पारिवारिक कामन मे राउर पूछ परख बढ़ी।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज रउआ मेहरारू से सहजोग आ समर्थन मिली। बेवसाय में बढ़न्ती सम्भव बा। कारोबार में कुछ नया योजना बनी। रउआ द्वारा लिहल गइल निर्णय गलत साबित हो सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

समाजिक आयोजनन में राउर प्रशंसा होई। बेयपार में लाभदायक सउदा आत्मबल बढ़ाई। आज साहस, पराक्रम बढ़ी। धर्म ग्रंथन के पठन-पाठन में अभिरुचि बढ़ी।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

रउआ बहूत जल्दी दूसरा के विश्वास कs लेनी, एकरा से सतर्क रहीं। विपरीत परिस्थितियन के दृढ़ता से सामना कs सकेम। बेयपार में परेसानियन के अंत होई। प्रेम प्रसंग के जोग बा। उधार लिहल पईसा कइसे चुकाएम एही सोच में परेसान रहेम।

 

मीन | Pisces

19(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

राउर दिनचर्या में आइल बदलाव से निजी काम प्रभावित होई। परिवार में मांगलिक अवसर आई। बेवसाय में लाभ के जोग बन रहल बा। नौकरन पs नजर राखीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]