[the_ad_group id="30365"]

UPI: यूपीआई लेनदेन के तय होई सीमा, खतम होई गूगल पे आ फोन पे के एकाधिकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

थर्ड पार्टी यूपीआई भुगतान सेवा के ममिला में गूगल पे आ फोन पे के एकाधिकार अगिला महीना से खतम हो सकत बा। भारतीय राष्ट्रीय भुगतान निगम (एनपीसीआई) थर्ड पार्टी यूपीआई भुगतान सेवा खातिर कुल लेनदेन के सीमा के 30 फीसदी तक सीमित करे के फसीला पs आरबीआई से बात कर रहल बा।एनपीसीआई एह फसीला के 31 दिसंबर से लागू कइल चाहत बा।

वर्तमान में लेनदेन के कवनो सीमा ना होखला के वजह से दुनो कंपनियन गूगल पे आ फोन पे के बाजार हिस्सेदारी बढ़के करीब 80 फीसदी हो गइल बा। एनपीसीआई नवंबर, 2022 में एकाधिकार के जोखिम से बांचें खातिर थर्ड पार्टी एप प्रदाता (टीपीएपी) खातिर 30 फीसदी लेनदेन के सीमा तय करे के प्रस्ताव देले रहे। ममिला के जानकारी राखे वाला सूत्र बतावल कि सब पहलुअन पs व्यापक चरचा खातिर एगो बैठक बोलावल गइल रहे। एमे एनपीसीआई के अधिकारियन के संगे वित्त मंत्रालय आ आरबीआई के वरिष्ठ अधिकारियो सामिल भइल लो।

एही महीना हो सकत बा फसीला

एनपीसीआई एह महीना के अंत तक यूपीआई बाजार सीमा लागू करे के मुद्दा पs फसीला कs सकत बा। सूत्रन के मोताबिक, एनपीसीआई फिलहाल सब संभावनन के मूल्यांकन कर रहल बा। 31 दिसंबर के समय-सीमा के बढ़ावे पs कवनो अंतिम फसीला नइखे लिहल गइल। हालांकि, एनपीसीआई के समय-सीमा बढ़ावे खातिर उद्योग के हितधारकन से अनुरोध मिलल बा आ ओकर जांच हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]