[the_ad_group id="30365"]

“इ तय करे के होई कि देश ‘वोट जिहाद’ से चली कि ‘राम राज्य’ से ! एमपी के खरगोन में पीएम मोदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के खरगोन में रैली के संबोधित करत पीएम मोदी कहले कि, ‘विपक्ष के इंडिया गठबंधन के साझीदार के जनता के किस्मत के चिंता नइखे… उ लोग अपना परिवार के बचावे खातीर चुनाव लड़तारे।’

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगल का दिने कहलन कि लोग के तय करे के पड़ी कि देश ‘वोट जेहाद’ से चली कि ‘राम राज्य’ से। मध्य प्रदेश के खरगोन में एगो रैली के संबोधित करत मोदी विपक्षी कांग्रेस के भी निशाना बनावत कहले कि ओकर मंशा बहुत खतरनाक बा आ ओ लोग के खिलाफ ‘वोट जिहाद’ के आह्वान कइले। उ कहले कि भारत इतिहास के एगो महत्वपूर्ण मोड़ प बा ; रउरा तय करे के पड़ी कि देश वोट जिहाद प चली कि राम राज्य प ।

पीएम मोदी कहले कि, ‘विपक्ष के इंडिया गठबंधन के साथी जनता के किस्मत से चिंतित नइखन… उ लोग अपना परिवार के बचावे खातीर चुनाव लड़तारे।’ अपना राजनीतिक विरोधी के निशाना बनावत मोदी कहले कि जसही उ विपक्ष के एजेंडा के पर्दाफाश कइले बाड़े, विपक्ष उनका खिलाफ आपन पूरा ‘गाली-गलौज के शब्दकोश’ खाली क देले बा।

सभा के संबोधित करत पीएम मोदी कहले कि, ‘रउरा वोट से भारत दुनिया के पांचवा सबसे बड़ अर्थव्यवस्था बन गइल बा, अनुच्छेद 370 (जम्मू-कश्मीर के विशेष दर्जा देवे वाला) हटा दिहलस, एगो आदिवासी महिला के देश के आप राष्ट्रपति बन गइल बाड़ी आ ई सब रउरा वोट से भइल बा।’ भारत में 25 करोड़ लोग के गरीबी से बाहर निकाल दिहले बा।

उ कहले कि रउरा वोट से अयोध्या में भगवान राम के भव्य मंदिर बनावे के 500 साल के इंतजार खतम हो गइल। मोदी कहले कि जनता के प्रयास से देश में प्रगति हो रहल बा। मंगलवार के तीसरा चरण के लोकसभा चुनाव के पहिला दु घंटा में मतदान के रफ्तार प प्रधानमंत्री संतोष भी जतवले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]