बिहार बोर्ड कक्षा के दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा खतम हो गइल बा. अब छात्र बेसब्री से अपना परीक्षा के रिजल्ट के इंतजार में बाड़े। अइसना में खबर आवत बा कि बारहवीं कक्षा के रिजल्ट मार्च में ही आ सकेला जबकि दसवीं कक्षा के रिजल्ट अप्रैल में आवे के संभावना बा। विद्यार्थियन के सलाह दिहल गइल बा कि समय-समय पs बीएसईबी के आधिकारिक वेबसाइट पs जाँच करत रहीं काहे कि रिजल्ट ऑनलाइन ही जारी होखी.
हाल ही में विद्यार्थियन खातिर उत्तर कुंजी जारी भइल, 10 मार्च के साँझ 5 बजे ले समय दिहल गइल कि एकरा से जुड़ल सवालन पs आपत्ति दर्ज करावल जा सके. अब बोर्ड सगरी आपत्ति के जाँच कइला के बाद स्कोरकार्ड जारी कs दी.
बारहवीं कक्षा के रिजल्ट कब निकली?
बोर्ड के ओर से जारी नोटिस के मुताबिक बिहार बोर्ड के बारहवीं के रिजल्ट 31 मार्च ले जारी हो सकता। रिजल्ट जारी भइला के बाद विद्यार्थियन के आधिकारिक वेबसाइट पs जा के आपन स्कोर देखे के पड़ी. रिजल्ट जाँचे खातिर उम्मीदवारन के results.biharboardonline.com आ biharboardonline.bihar.gov.in पs जाए के पड़ी.
कक्षा 12 में केतना छात्र रजिस्ट्रेशन करावेले?
रिजल्ट जारी होखला के बाद ही बोर्ड बच्चा के मार्क शीट जारी करी, जवन कि छात्र के सिर्फ उनुका स्कूल से मिली। ध्यान रहे कि बिहार बोर्ड बोर्ड परीक्षा 2025 में 12वीं कक्षा के दुनो खातीर कुल 1292313 परीक्षार्थी शामिल भईल रहले। एहमें 641847 लइकी आ 650466 लड़िका शामिल बाड़े. इनका खातिर पूरा बिहार में 1677 परीक्षा केंद्र भी बनावल गईल।