सेंट्रल डेस्क : दक्षिण अमेरिकी देस बोलिविया के राजधानी ला पाज के लगे सुक के सांझ बड़ विमान हादसा हो गइल। बोलिविया वायुसेना के एगो हरक्यूलिस कार्गो विमान उड़ान भरला के कुछे मिनट बाद दुर्घटनाग्रस्त हो गइल, जवना में कम से कम 15 लोगन के मौत के पुष्टि भइल बा। हादसा में कइयन गो लोग घायल बतावल जा रहल बा।
रनवे से फिसलके हाईवे पs पहुंचल विमान
अधिकारियन के अनुसार, विमान रनवे से फिसलके नजदीकी शहर एल आल्टो के एगो व्यस्त हाईवे पs जा गिरल। एह दौरान सड़क पs चल रहल कम से कम 15 वाहन एकरा चपेट में आ गइल आ बुरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल। अभी तक ई स्पष्ट नइखे हो सकल कि मृतकन में विमान में सवार लोग सामिल बा भा सड़क पs मवजूद यात्री।
केंद्रीय बैंक के नोट ले जात रहे विमान
प्रारंभिक जानकारी के मोताबिक, ई हरक्यूलिस विमान देस के केंद्रीय बैंक से नया छपल नोट दोसरा शहरन में पहुंचावे के मिशन पs रहे। दुर्घटना के बाद विमान में आग लाग गइल, जवना के दमकल कर्मी कड़ा मशक्कत के बाद बुझावल लोग।
हाईवे पs बिखरल नोट
हादसा के बाद बड़ मात्रा में नकदी सड़क पs बिखर गइल। सोशल मीडिया पs वायरल तस्वीरनमें मलबा के बीच नोट फइलल दिखाई देलस। मवका पs सइयन गो लोग पहुंच गइल आ नकदी उठावे के होड़ मच गइल। भीड़ के नियंत्रित करे खातिर पुलिस के बल प्रयोग करे के पड़ल।
प्रशासन एहतियातन एयरपोर्ट से आवे-जाये वाला उड़ानन के अस्थायी रूप से रोक देले बा। दुर्घटना के कारणन के विस्तृत जांच सुरू कs दिहल गइल बा। अधिकारियन के कहनाम बा कि ब्लैक बॉक्स आ तकनीकी रिपोर्ट के बाद हादसा के असली वजह सामने आई।
Read Also: 28 फरवरी 2026 के राशिफल







