Assembly Elections Results 2023: भाजपा नार्थ ईस्ट के देलस नया दिशा, BJP के जीत नया सोच के प्रतिबिंब: पीएम मोदी

Share

देस के तीन राज्यन में संपन्न भइल विधानसभा चुनावन के नतीजा आज घोषित कइल गइल। तीन में से दु राज्य त्रिपुरा आ नगालैंड में भाजपा एक बेर फेर सरकार बनावे में सफल रहल बिया, तs ओहिजा मेघालय में भाजपा 02 सीटन पs जीत दर्ज कइले बिया। इहां कवनो पार्टी के स्पष्ट बहुमत नइखे मिलल, प्रदेश में सबसे जादे सीट एनपीपी हासिल कइले बिया। राज्य के मुख्यमंत्री कोनराड संगमा सरकार बनावे खातिर भाजपा से समर्थन मंगले बाड़ें। जवना के बाद अब संभावना जतावल जा रहल बा कि प्रदेश में त्रिशंकु विधानसभा बन सकत बा।

अपना संबोधन में पीएम मोदी कहलें कि पूर्वोत्तर अब दिल्ली से आ हमनी के दिल से दूर नइखे। आज के चुनाव परिणाम बतावत बा कि लोगन के लोकतंत्र में विश्वास बा। ऊ कहलें पहिले पूर्वोत्तर क्षेत्र से चुनावी नतीजा आवे पर दिल्ली आ देस के आउर हिस्सन में जादे चरचा ना होत रहे। तब चरचा चुनाव के दौरान भइल हिंसा के लेके होत रहे।

पीएम मोदी भाजपा मुख्यालय में पार्टी कार्यकर्ता लोगन के संबोधित कइलें। ऊ कहलें कि बीतल बरिसन में भाजपा मुख्यालय अइसन अनेक अवसरन के साक्षी बनल बा। आज हमनी खातिर जनता जनार्दन के विनम्रता से नमन करे के एगो आउर अवसर आइल बा। हम त्रिपुरा, मेघालय आ नागालैंड के जनता के सर झुकाके वंदन करत बानी, ओह लोगन के आभार व्यक्त करत बानी।

त्रिपुरा, नगालैंड आ मेघालय में मिलल चुनावी जीत के बाद पार्टी अध्यक्ष जेपी नड्डा दिल्ली इस्थित भाजपा मुख्यालय में कार्यकर्ता लोगन के संबोधित किया। ऊ कहलें कि ई जीत कवनो अचानक नइखे भइल। प्रधानमंत्री जी एगो लमहर सोच लेके, दूर दृष्टि लेके आ एगो संकल्प लेके भारत के राजनीति में आ राजनेता लोगन के द्वारा जवना पूर्वोत्तर के उपेक्षा कइल जात रहे, ओकरा के मुख्यधारा में ले आवे के काम आ पूर्वोत्तर के आगे बढ़ावे के काम प्रधानमंत्री मोदी जी कइलें बानी।

त्रिपुरा, नगालैंड आ मेघालय के सभे विधानसभा सीटन के चुनाव परिणाम घोषित कs दिहल गइल बा। मेघालय में NPP सबसे जादे 26 सीटन पs जीत दर्ज कइले बिया। ओहिजा, भाजपा 02, TMC 05, UDP 11 सीटन पs जीत दर्ज कइलस। इहां त्रिशंकु विधानसभा बनला के संभावना बा। त्रिपुरा आ नगालैंड में भाजपा एक बेर फेर सरकार बनावे में सफल रहल बिया।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-