[the_ad_group id="30365"]

बिहार: नालंदा में जहरीली शराब से मौत पs 3-3 लाख के मुआवजा के आदेस; राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग 6 हफ्ता में राशि देवे के कहलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग नालंदा जिला में भइल जहरीली शराबकांड में मृतक के आश्रितन के तीन-तीन लाख रुपिया मुआवजा देवे के आदेस देले बा। ई आदस राज्य सरकार के दिहल गइल बा। छव हफ्ता के अवधि में एह भुगतान के सुनिश्चित कs के प्रमाण के संगे ओकर रिपोर्ट सरकार के मुख्य सचिव से मांगल गइल बा। बता दीं कि जनवरी 2022 में सोहसराय थाना इलाका में जहरीली शराब से 12 लोगन के मौत भइल रहे। दु लोगन के आंखिन के रोशनी चल गइल रहे। दर्ज शिकायत पs आयोग संज्ञान लेले रहे।

आयोग द्वारा सरकार से पूछल गइल रहे कि शराब कांड के पुलिस के विफलता मानत काहे ना ना मृतकन के आश्रितन के तीन-तीन लाख के मुआवजा दिहल जाव। अइसन में संतोषजनक जवाब ना मिलला पs आयोग मुआवजा के आददेस देले बा। बता दीं कि सोहसराय थाना इलाका के छोटी पहाड़ी, मंसूर नगर, शृंगारहाट में 14 जनवरी 2022 के मकर संक्रांति के दिन स्थानीय धंधेबाजन से लोग ने शराब किनके पियले रहे जवना के बाद ई घटना भइल रहे। राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग छव हफ्ता में भुगतान कs के रिपोर्ट सरकार के मुख्य सचिव से मंगले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]