भाजपा प्रदेश अध्यक्ष बाबूलाल मरांडी कइले नया टीम के ऐलान, जारी कइले जिलाध्यक्ष आ प्रभारी के सूची

Minee Upadhyay

भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष बाबूलाल मरांडी सोमार के दिने पूरा झारखंड के सगरी जिलन के अध्यक्ष आ प्रभारी के एलान कइलन। बाबूलाल मरांडी के नयका टीम में जमशेदपुर महानगर अध्यक्ष सुधांशु ओझा शामिल रहीहें, जबकि प्रभारी डॉ. जीतू चरण राम रहीहें। रघुवर दास के करीबी गुंजन सिंह के जमशेदपुर महानगर अध्यक्ष पद से हटा दिहल गइल बा।

साथही पूर्वी सिंहभूम के जिला अध्यक्ष चंडी चरण साव आ प्रभारी बड़कुंवर गगराई रहीहें। साथही पश्चिम सिंहभूम में संजू पाण्डेय के अध्यक्ष आ मनोज कुमार महतो के प्रभारी बनावल गइल बा। जबकि सरायकेला-खरसावां में उदय सिंहदेव के अध्यक्ष आ सुबोध कुमार सिंह गुड्डू के प्रभारी बनावल गइल बा। सुधांशु ओझा के जमशेदपुर महानगर के अध्यक्ष नियुक्ति पs उनुका समर्थकन में खुशी के लहर बा।

जमशेदपुर भाजपा महानगर अध्यक्ष रहल दिनेश कुमार नवनियुक्त जिला अध्यक्ष सुधांशु ओझा के बधाई आ शुभकामना दिहले बाड़न। इहाँ भारतीय जनता पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष बाबूलाल मरांडी भी अपना सोशल साइट के माध्यम से सभ नवनियुक्त जिला प्रमुख अवुरी प्रभारी के बधाई देले बाड़े।

जानीं केकरा के जिम्मेवारी आ कहाँ से मिलल

जारी सूची के मुताबिक रांची महानगर खातीर वरुण साहू के अध्यक्ष बनावल गईल बा, जबकि मनोज सिंह के जिला प्रभारी, सुरेंद्र महतो के अध्यक्ष अवुरी बिनोद सिंह के रांची ग्रामीण के प्रभारी बनावल गईल बा। चंद्रशेखर गुप्ता के खूंटी जिला के अध्यक्ष आ सत्यनारायण सिंह के प्रभारी बनावल गइल बा। गुमला में शिवप्रसाद साहू अध्यक्ष आ मनोज मिश्रा प्रभारी सिमडेगा में लक्ष्मण बड़ाईक के अध्यक्ष आ बबन गुप्ता प्रभारी, लोहरदगा में मनीर उरांव अध्यक्ष आ सुनीता सिंह प्रभारी, पलामू में अमित तिवारी अध्यक्ष ae कालीचरण के प्रभारी बनावल गइल बा। एही तरे ठाकुर महतो के गढ़वा में अध्यक्ष आ विपिन बिहारी सिंह के प्रभारी, रामदेव भोक्ता के अध्यक्ष आ चतरा में विनय जायसवाल के प्रभारी, पंकज सिंह के अध्यक्ष आ लतेहार में मुकेश निरंजन सिन्हा के प्रभारी बनावल गइल बा।

जामताड़ा में सुमित शरण के अध्यक्ष आ आवास बोर्ड प्रभारी, दुमका गौरव कांट के अध्यक्ष आ संजीव जजवाड़े के प्रभारी, पाकुड़ अमृत पाण्डेय के अध्यक्ष आ अमित सिंह के प्रभारी, साहेबगंज में उज्जवल मंडल के अध्यक्ष आ अनुज गर्ग के प्रभारी बनावल गइल बा। देवघर में सचिन रवानी के अध्यक्ष आ सत्येन्द्र सिंह के प्रभारी, गोड्डा में संजीव मिश्रा के अध्यक्ष आ डॉ. लुइस मरांडी के प्रभारी बनावल गइल बा।

धनबाद महानगर में श्रवण राय यादव अध्यक्ष आ राजकुमार श्रीवास्तव प्रभारी बनले

हजारीबाग में विवेकानंद सिंह के अध्यक्ष आ अभय सिंह के प्रभारी आ अशोक उपाध्याय के सह प्रभारी बनावल गइल बा।रामगढ़ में प्रवीण मेहता अध्यक्ष आ शशिभूषण भगत प्रभारी, कोडरमा में अनुप जोशी अध्यक्ष आ भइया अभिमन्यु, गिरिडीह में महादेव दूबे अध्यक्ष आ रोहितलाल सिंह प्रभारी, धनबाद महानगर श्रवण राय में यादव अध्यक्ष आ राजकुमार श्रीवास्तव प्रभारी, धनबाद ग्रामीण में घनश्याम ग्रोवर अध्यक्ष आ शैलेन्द्र.सिंह प्रभारी आ जयदेव राय के अध्यक्ष आ विनय लाल के प्रभारी बोकारो में बनावल गइल बा।

 

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।