Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार के शिक्षकन के स्कूल पहुंचला के जल्दबाजी अब ना रही, पटना हादसा के बाद हाजिरी के लेके नया निर्देश जारी भइल…

127
Google Ads 300*250 for posts

बियफे के दिने पटना के दानापुर के नासरीगंज घाट पs नाव पs चढ़त घरी एगो शिक्षक गंगा में गिर गइले आ गहिरा पानी में डूब गइले। एह घटना के लेके शिक्षक लोग में अपार नाराजगी बा। उनका लो के शिकायत रहे कि बाढ़ के दिन में उ नदी पार कऽ के स्कूल जाए खातिर जान जोखिम में डाल देवेले। समय पs स्कूल पहुंचे पs रोक के चलते उऽ लोग के जान के चिंता ना करेले आ सैकड़ों शिक्षक स्कूल जाए खातिर नदी पार करेले। एकरा चलते बाढ़ के समय रोज नाव से गंगा नदी पार करत शिक्षक के जान के खतरा बा। शुक के भइल दुर्घटना के बाद शिक्षा विभाग अधिकारी के बतवले बा कि शिक्षक अवुरी संबंधित कर्मचारी के एक घंटा देरी से पहुंचला पs अनुपस्थित ना मानल जाई।

शिक्षा विभाग शिक्षकन के कवन राहत दिहलस?

बिहार में शिक्षा विभाग राज्य के सभ जिला अधिकारी के बतवले बा कि जदी कवनो खास कारण से शिक्षक चाहे कर्मी समय प स्कूल ना पहुंचे त देर से हाजिरी मान्य हो जाई। एक घंटा खातिर ई देरी स्वीकार्य रही. एह आदेश के तत्काल प्रभाव से लागू कइल जा रहल बा।

नदी पार करेवाला लोग के कवन-कवन सुविधा उपलब्ध होई?

शिक्षा सचिव बैद्यनाथ यादव जिला अधिकारी के निर्देश देले बाड़े कि जवना घाट से शिक्षक/कर्मचारी/स्कूल के बच्चा नदी पार क के अपना स्कूल जाए खातिर सरकारी नाव के इंतजाम करस। नाव पs पर्याप्त संख्या में लाइफ जैकेट उपलब्ध करावे के चाहीं। संगही घाट प गोताखोर के इंतजाम होखे के चाही।

नाव आ लाइफ जैकेट के संबंध में दिहल गइल निर्देश…

लाइफ जैकेट जिला प्रशासन के खरीदे के होई। स्कूल जाए आ लवटे खातिर जवन समय लागेला ओकरा के ध्यान में राखत नाव खुले के समय तय करे के चाहीं। ताकि शिक्षक/कर्मचारी/स्कूल के लइका नाव पर चढ़ के ओहिजा से समय पर स्कूल आ घरे पहुँच सकस। शिक्षा सचिव जिला अधिकारी लोग के बतवले बाड़न कि अगर एकरा से जुड़ल खरचा आपदा प्रबंधन के माध्यम से पूरा ना होखे त जिला शिक्षा अधिकारी के उठावल जाई। एकरा खातिर जरूरत के मुताबिक आवंटन के मांग कइल जाई। इ मुख्य रूप से खाली अगस्त अवुरी सितंबर के महीना खाती लागू होई।

शिक्षा सचिव अपना चिट्ठी में का जिक्र कइले बाड़न?

शिक्षा सचिव अपना आधिकारिक पत्र में लिखले बाड़े कि राज्य के बाढ़ प्रभावित इलाका में इस्थित स्कूल में काम करेवाला शिक्षक अवुरी कर्मी स्कूल में आवे जाए खाती नदी पार करे खाती नाव के इस्तेमाल करतारे। एकरा चलते समय से स्कूल पहुंचे में दिक्कत होखता। एह सब बात के ध्यान में राखत बाढ़ प्रभावित इलाका में इस्थित सभ सरकारी स्कूल में काम करे वाला शिक्षक अवुरी कर्मचारी के आवाजाही के संबंध में इ महत्वपूर्ण दिशा-निर्देश जारी कइल गइल बा।

गंगा में डूब गइले शिक्षक, मौत पs दुख जतवलस शिक्षा विभाग सचिव

उल्लेखनीय बा कि शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव दानापुर के नासिरीगंज घाट प स्कूल में पढ़ावे जाए वाला एगो शिक्षक के डूब के मौत के संज्ञान लेले बाड़े। शिक्षक के निधन पs अत्यधिक चिंता जतवले। ए घटना के तुरंत बाद एह मुद्दा पs वरिष्ठ अधिकारी से चर्चा भइल बा। एह दौरान उ कहले कि इ बहुत गंभीर मुद्दा बा। अइसन घटना ना होखे के चाहीं।

937920cookie-checkबिहार के शिक्षकन के स्कूल पहुंचला के जल्दबाजी अब ना रही, पटना हादसा के बाद हाजिरी के लेके नया निर्देश जारी भइल…

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.