Bihar Politics: जमुई में तेजस्वी यादव चलले दांव, ए नेता के पार्टी में करवले शामिल

Share

Bihar Politics: जमुई लोकसभा चुनाव में नित्यदिन नेता अपना फायदा के देखत दल-बदली करे में लाग गइल बा। हर दल के प्रत्याशी प्रत्येक क्षेत्र में मजबूत स्थिति आ मतदाता लो में पकड़ बनावे खातिर छोट से लेके बड़ नेता लो के चौखट पऽ दस्तक दे रहल बा। रुदल नेता लो के मनावे के काम चल रहल बा। साथही प्रचार-प्रसार में साथ चले के बातो कइल जा रहल बा।

राजद के प्रत्याशी अर्चना रविदास के झाझा के समाजसेवी राजीव उर्फ गुडू यादव के साथ मिलल बा। शनिचर के जमुई स्टेडियम मैदान में पूर्व उप मुख्यमंत्री सह विपक्ष के नेता तेजस्वी यादव की सभा में समाजसेवी गुड्डू यादव अपना समर्थकन के साथ राजद में शामिल हो गइले।

तेजस्वी यादव माला पहिरा के स्वागत कइले

एही दौरान तेजस्वी यादव ने माला पहिरा के उनकर स्वागत कइले। साथही मजबूती के साथे चुनाव प्रचार में शामिल होखे के बात कहलें। मालूम होखे कि समाजवादी नेता स्व. शिवनंदन यादव के पौत्र आ पूर्व विधायक डॉ. रविंद्र यादव के भतीजा के रूप में गुड्डू यादव के पहचान बा ।

पंचायत स्तरीय आ नगर परिषद चुनाव में इनकर अहम भूमिका रहेला। लंबा समय के बाद गुडू यादव राजद के हाथ थमले बाड़े, जवना से झाझा में राजद के मजबूती मिले के उम्मीद बा। गुडू यादव राजद प्रत्याशी के पक्ष में चुनाव प्रचार अभियान में लाग गइल बाड़े।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-