Bihar News: जदयू नेता के होटल में शराब पार्टी चलत रहे, अचानक पुलिस पहुंचल आ 6 युवक गिरफ्तार

Share

पुलिस के कहनाम बा कि होटल के कमरा से शराब के बोतल भी बरामद भइल बा। नशा में धराइल सगरी छह गो नवहन के मेडिकल जांच करावल जा रहल बा ।

दरभंगा के लहेरियासराय थाना क्षेत्र के नका नंबर 6 में जदयू नेता के होटल में शराब पार्टी करत घरी शराब के बोतल लेके लहेरियासराय थाना के पुलिस 6 नवहन के गिरफ्तार कs लेले बिया। पुलिस होटल के कमरा नंबर 106 सील कs देले बिया। पुलिस शराब पीयत होटल से रोहित, दीपक, राहुल, सनी, बीरेंद्र आ कुमार रवि के गिरफ्तार कs लेलस। अब पुलिस होटल प्रबंधक के भूमिका के भी जांच में जुटल बिया।

शराब पीयत छह युवक के गिरफ्तार

बतावल जाता कि लहेरियासराय थाना प्रभारी उक्त एसजी पैलेस होटल में कुछ युवक के शराब पार्टी करे के गुप्त सूचना मिलल रहे। एकर जांच करत घरी पुलिस होटल में छापामारी कs होटल के पहिला मंजिल के कमरा नंबर 106 में शराब पीयत 6 युवक के गिरफ्तार कs लेलस। जबकि होटल के कमरा से शराब के बोतल भी बरामद भइल बा। नशा में धराइल सगरी छह गो नवहन के मेडिकल जांच करावल जा रहल बा। जबकि पुलिस गिरफ्तार सब युवक से पूछताछ में व्यस्त बिया।

शराब पहुंचावे वाला के भी तलाशी लिहल जाता

ए संबंध में लहेरियासराय थाना प्रभारी दीपक कुमार बतवले कि गुप्त जानकारी के आधार पs होटल में छापामारी कइल गइल, जवना में शराब पार्टी करत घरी 6 युवक के गिरफ्तार कs लिहल गइल। होटल प्रबंधक के भूमिका के जांच कइल जाता। एह होटल में शराब पहुंचावे वाला के तलाशी भी कइल जाता।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-