पटना। पटना में हटिया-पटना एक्सप्रेस से एगो कोच अटेंडेंट के अपहरण अपहरण कs लिहल गइल रहे। एह खबर से रेल प्रशासन में हड़कंप मच गइल। तुरंत पुलिस टीम एक्टिव भइल। एकरा बाद ताबड़तोड़ छापेमारी कs के कड़ा मशक्कत के बाद कोच अटेंडेंट के हाथीदह स्टेशन के लगे से बरामद कs लिहल गइल। घटना बाढ़ रेल खंड के लगे के बतावज जा रहल बा। सनिचर के शराब माफिया हटिया-पटना एक्सप्रेस ट्रेन के AC B5 कोच में तैनात राकेश कुमार (पश्चिम बंगाल) के पिस्टल के बल पs अगवा कs लेलें सs।
ट्रेन से खींचके ले गइले सs बाहर
बतावल जा रहल बा कि ट्रेन के बाढ़ खंड से गुजरे के दौरान कुछ अज्ञात लोग कोच अटेंडेंट राकेश कुमार के ट्रेन से बाहर खींच लिहल आ पिस्टल दिखाके अगवा कs लिहल। घटना के जानकारी मिलतही जीआरपी, आरपीएफ आ स्थानीय थाना के टीम हरकत में आ गइली सs। रेल पुलिस के त्वरित कार्रवाई के चलते मात्र कुछ घंटा में ममिला के पर्दाफाश कs दिहल गइल। अपहृत के सुरक्षित बाहर निकालल गइल आ एगो आरोपी के मवका से गिरफ्तार कs लिहल गइल। पूछताछ में कइयन गो अहम सुराग हाथ लागल बा, जवना के आधार पs आउर आरोपियन के तलाश जारी बा।