[the_ad_group id="30365"]

UP के पूर्व मंत्री रघुराज प्रताप सिंह के Ex PRO पऽ बड़ कार्रवाई, एकरा सहित दूगो कुख्यात अपराधी के 87 लाख के संपत्ति कुर्क 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुंडा (प्रतापगढ़)। अपराध आ अपराधियन के खिलाफ चलावल जा रहल अभियान में कुंडा में पुलिस-प्रशासन सनिचर के बड कार्रवाई कइलस। जिला मजिस्ट्रेट के आदेस पऽ पुलिस दूगो कुख्यात अपराधियन के करीब 87 लाख रुपिया के अवैध संपत्ति कुर्क कइलस।

जवन अपराधियन के पुलिस अवैध संपत्ति कुर्क कइलस ओमे यूपी के पूर्व मंत्री रघुराज प्रताप सिंह (राजा भैया) के पूर्व पीआरओ रहल राजीव यादव उर्फ राजू यादव के 82 लाख रुपिया के भूमि संपत्ति आ कुंडा के गैंगलीडर शेखर उर्फ राज प्रताप सिंह के पांच लाख रुपिया के चारपहिया गाड़ी सामिल बा। दूनो अपराधी लमहर समय से पुलिस के निगरानी में रहे लोग।

राजीव यादव शासन स्तर पऽ चिह्नित कुख्यात छविनाथ गैंग के सक्रिय सदस्य हे। ओकरा पs हत्या, लूट, गुंडा एक्ट, आर्म्स एक्ट आ गैंगस्टर एक्ट सहित करीब 16 गंभीर मुकदमा दर्ज बा। ओहिजा, शेखर उर्फ राज प्रताप सिंह सुधाकर गैंग के सक्रिय अपराधी हs, जेकरा पऽ धोखाधड़ी आ गैंगस्टर एक्ट सहित कइयन गो मुकदमा दर्ज बा। दूनो पऽ पहिले गैर-जमानती वारंट, जप्तीकरण आ इनाम घोषित जइसन कठोर कार्रवाई हो चुकल बा।

पुलिस अधीक्षक (एसपी) डाॅ. अनिल कुमार के निर्देशन में कइल गइल एह कार्रवाई के बड़ सफलता मानल जात बा। एसपी के कहनाम बा कि अपराधियन के अवैध संपत्ति पऽ कुर्की, गिरफ्तारी आ निरोधात्मक कार्रवाई के सिलसिला आगहू जारी रही। प्रशासन लोगन से अपील कइल कि उ कवनो आपराधिक गतिविधि के सूचना तुरंत पुलिस के दीं, ताकि समय रहते कार्रवाई कइल जा सके आ समाज में शांति-सुरक्षा के माहौल बनावल जा सके।

Read Also: Bihar Election 2025: ’20 सीट ना दिहल गइल तs 100 सीटन पs उतारेम प्रत्याशी’- मांझी के एलान, एनडीए में भूचाल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]