Bihar Land Survey: बिहार के 10 हजार गांव के नया खतियान तइयार

Sonu Kishor
बिहार के 10 हजार गांव के नया खतियान तइयार

अब तक बिहार में चलत जमीन के सर्वेक्षण में करीब 38 लाख लोग अपना जमीन के ब्यौरा देले बाड़े। एक ओर जहां लगभग 10 हजार गांव (9889) के नयका खतियान लिखल गइल बा, उहें बाकी लगभग 25 हजार गांव के नयका खतियान लिखे के काम चलता। बाकी बांचल जल्दिये शुरू हो जाई। जमीन के सर्वेक्षण में लागल अधिकारी के दावा बा कि निर्धारित समय में एकरा के पूरा कऽ लिहल जाई। कवनो हाल में सरकार विधानसभा चुनाव 2025 से पहिले जमीन के सर्वेक्षण के काम पूरा करे के दावा करतिया। तरमीन आ खतियान लिखे के कामो सब क्षेत्र में चल रहल बा।

2.49 लाख एकट्ठा भइल अबहीं ले अपलोड नइखे भइल

भू-अभिलेख आ परिमाप निदेशक जे. प्रियदर्शिनी हालही में भूमि सर्वेक्षण के काम के विभागीय समीक्षा कइले रहले। एह दौरान बतावल गइल कि फॉर्म-2 यानी स्वघोषणा फार्म के माध्यम से ऑनलाइन आ ऑफलाइन दुनों तरह के 37 लाख 98 हजार 514 (लगभग 38 लाख) आवेदन मिलल बा। सभे जिला समेत कुल 15.55 लाख रैयत ऑनलाइन माध्यम के माध्यम से वेबसाइट प आपन दस्तावेज अपलोड के लेले बाड़े। एकरा संगे-संगे 19.93 लाख आवेदन बा जवन कि सर्वेक्षण शिविर में ऑफलाइन मोड में आइल बा। सर्वेक्षण कार्यकर्ता एकरा के वेबसाइट पऽ अपलोड कऽ के ऑनलाइन बना देले बाड़े। सभे शिविर में ऑफलाइन मोड के माध्यम से 2.49 लाख आवेदन बा, जवन अबहीं ऑनलाइन जमा करे के बा।

अधिकतम आवेदन रोहतास में आ सबसे कम भोजपुर में।

रोहतास जिला से अधिकतम 3.93 लाख फॉर्म-2 मिलल बा, जबकि गया जिला 2.95 लाख स्वघोषणा के संगे दूसरा स्थान पऽ बा। भोजपुर जिला में ऑनलाइन आ ऑफलाइन दुनो माध्यम से मात्र 33 हजार 355 स्वघोषणा फार्म मिलल बा। एह मामिला में पूर्वी चंपारण 34,594 स्वघोषणा का साथे नीचे से दुसरका जगहा पर बा। सभे जिला के निर्देश दिहल गइल बा कि अधिका से अधिका रैयतन से संपर्क कऽ के ओह लोग के स्वघोषणा फार्म अपलोड करे खातिर प्रोत्साहित कइल जाव। बिहार के जवना 42445 गांव में सर्वेक्षण हो रहल बा, ओहि में से 42287 गांव में ग्रामसभा पूरा हो चुकल बा, जबकि निदेशालय के वेबसाइट प अपलोड भईल गांव के संख्या 39822 बा। बाचंल मौज के जल्दिए वेबसाइट पर अपलोड करे के निर्देश,निदेशक के तरफ से दिहल गइल।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...