Bihar News : जहरीली शराब के कहर जारी, अब तक चार के मौत, कइयन लोगन के हालत नाजुक

Share

मोतिहारी। मोतिहारी के रघुनाथपुर थाना क्षेत्र के बालगंगा गांव में जहरीली स्प्रिट (शराब) पीयला से लोगन के मौत के सिलसिला जारी बा। काल्ह एगो आदमी के मौत भइल रहे, जबकि दु लोग गंभीर रूप से बेमार पड़ गइल। एकरा संगही एगो आदमी के आंख के रोशनी चल गइला के खबर से इलाका में हड़कंप मच गइल।

मृतकन के संख्या बढ़ल

मिलल जानकारी के अनुसार, मृतकन के लोगन के संख्या दू से बढ़के चार हो गइल बा। काल्हे चंदू नाम के आदमी के जहरीली शराब पीयला से मौत भइल रहे। आज सबेरे तुरकौलिया थाना क्षेत्र के शंकर सरैया परसौना गांव के निवासी प्रमोद यादव, परीक्षण मांझी आ हीरालाल महतो के मौत हो गइल। ई लोग शहर के निजी अस्पताल में इलाज करवले रहे।

सूत्रन के मानीं तs अभियो कइयन गो लोग जहरीली शराब पीयला से बेमार बा आ चुपचाप इलाज करा रहल बा। बतावल जा रहल बा कि गांव के कुछ लोग शराब समझ के स्प्रिट पी लेलस, आ कुछ देर बाद सबके तबीयत बिगड़े लागल। परिवार के लोग ओह सभन के तुरंत अस्पताल में भरती करवलस, जहां इलाज के दौरान मौत हो गइल, जबकि बाकी के इलाज जारी बा।

आंख के रोशनी पs असर, ममिला गंभीर

डॉक्टर लोगन के कहनाम बा कि एह जहरीली शराब के असर से सबसे पहिले आंख के रोशनी प्रभावित होला, जवना से ममिला आउर गंभीर हो गइल बा। फिलहाल सब घायलन के इलाज डॉक्टरन के निगरानी में चल रहल बा।

गांव में डर आ गुस्सा, अवैध शराब पs सवाल

एह घटना के बाद गांव में डर आ गुस्सा के माहौल बा। स्थानीय लोग आरोप लगा रहल बा कि इलाका में बहुत दिन से अवैध शराब आ स्प्रिट के धंधा चल रहल बा, बाकिर प्रशासन सही से कार्रवाई नइखे करत।

पुलिस अब ममिला के गंभीरता से जांच सुरू कइले बिया। अधिकारी लोग कहत बा कि मौत के असली कारण पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला के बाद साफ होई। एह बीच अवैध शराब के कारोबार में सामिल लोगन के पकड़े खातिर छापेमारियो चल रहल बा।

एह घटना के बाद राज्य में लागू शराबबंदी कानून पs फेर से सवाल उठे लागल बा।
पुलिस चौकीदार भरत राय के गिरफ्तार कs लेले बिया, जबकि तुरकौलिया थाना के SHO उमाशंकर मांझी के लापरवाही के आरोप में सस्पेंड कs दिहल गइल बा। रघुनाथपुर घटना के ममिला में केस दर्ज कs के जांच सुरू हो गइल बा।

Read Also: Raghav Chadha : “खामोश करावल गइल बानी, हारल नइखी” : राज्यसभा में बोलला से रोकला पs राघव चड्ढा के प्रतिक्रिया

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-