रोहतास। बहुजन समाज पार्टी के डेहरी विधानसभा इकाई के तत्वावधान में बुध के कुशवाहा सभा भवन में संगठनात्मक समीक्षा बैठक कइल गइल।
केंद्रीय प्रदेश प्रभारी अनिल कुमार के उपस्थिति में प्रदेश प्रभारी उमाशंकर गौतम कहलें कि बहन मायावती के निरदेस पs बिहार में पार्टी के बूथ स्तर तक मजबूत कइल जा रहल बा।
आवे वाला विधानसभा चुनाव में पार्टी सशक्त उपस्थिति दर्ज कराई। बिहार के 243 सीटन पs पार्टी चुनाव में प्रत्याशी खड़ा करी। हर विधानसभा में एकर सतत समीक्षा कइल जा रहल बा।
ऊ डेहरी विधानसभा क्षेत्र के दुर्दशा के लेके सत्ता पक्ष पs तीखा हमला बोललें। ऊ कहलें कि डेहरी के नेता आ पदाधिकारी मिलके लूटले बा।
सोन नदी में खनन माफिया के कब्जा बा, जवना के सांसद, विधायक आ अफसरशाही के संरक्षण प्राप्त बा। डेहरी आजो बुनियादी सुविधन से वंचित बा, जबकि ई क्षेत्र नगर परिषद हs।
अनिल कुमार कहलें हमनी के लक्ष्य डेहरी के एगो उद्योग आ रोजगार से परिपूर्ण विधानसभा बनावे के बा। हमनी के पलायन रोकेम सs आ स्थानीय लोगन के रोजगार सुनिश्चित करेम सs।
शोषित, दलित, वंचित जनता के अधिकारन के रक्षा आ ओकर सशक्तिकरण खातिर बसपा प्रतिबद्ध बिया। गठबंधन के सवाल पs कहलें कि पार्टी इंडिया आ एनडीए दुनो गठबंधनन से दूरी बनाके रखी।
एह मवका पs जिलाध्यक्ष पवन कुमार, विधानसभा प्रभारी रमा शंकर यादव, जिला प्रभारी संजय कुमार, जिला उपाध्यक्ष सोनी केसरी, जिला सचिव दिनेश दास, रिंकी देवी, जनार्दन राम सहित आउर लोग मवजूद रहे।