Bihar Election 2025 : यूपी में रहत बिहार के मतदाता लोगन के मिली छुट्टी, सरकार के आदेस जारी

Share

लखनऊ। बिहार चुनाव 2025 खातिर यूपी सरकार बड़ फैसला लेले बिया। अब यूपी के सीमावर्ती जिलन में रहत बिहार के मतदाता लोगन के मतदान के दिन- 6 आ 11 नवंबर के छुट्टी दिहल जाई। सामान्य प्रशासन विभाग के प्रमुख सचिव मनीष चौहान बियफे के दिन ई आदेस जारी कइले बाड़ें।

आदेस में कहल गइल बा कि बिहार राज्य ओह मतदाता लोगन के, जे रोजी-रोटी खातिर यूपी में काम कs रहल बा- चाहे ऊ दैनिक मजदूर काहे ना होखे- वोट डाले खातिर छुट्टी दिहल जाई। ई छुट्टी सरकारी दफ्तर, निजी कंपनी, अउर औद्योगिक इकाई सभ में लागू होई, जवन कर्मचारी बिहार के मतदाता होई।

प्रदेश सरकार जिलाधिकारी आ विभाग प्रमुखन के इहो निरदेस देले बा कि मतदान के दिन पात्र कर्मचारी के सवैतनिक छुट्टी (Paid Leave) के सुविधा जरूर दिहल जाई।

ई आदेस सोनभद्र, चंदौली, गाजीपुर, बलिया, देवरिया, कुशीनगर आ महराजगंज जइसन सीमावर्ती जिलन के डीएम सबका के भेजल गइल बा।

Read Also: Delhi AQI Today : दिल्ली-NCR में ‘जहरीली’ हवा से तनिका सा राहत, 200 से नीचे आइल AQI; जानीं कइसन बा रउरा इलाका के हाल?

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-