Bihar Election 2025 : बिहार में थमल प्रचार, 18 जिलन के 1314 उम्मीदवारन के लगे आज आखिरी मौका

Share

पटना। विधानसभा चुनाव के पहिला चरण के प्रचार मंगर के सांझ थम गइल। एकरा संगही राजनीतिक दलन के स्टार प्रचारक आ चुनावी गतिविधियन में लागल लोग अब वोटिंग वाला विधानसभा इलाका छोड़ के बहरी निकल गइल बा। अब उम्मीदवार आ ओह लोगन के स्थानीय समर्थकन के लगे बस चंद घंटा के मौका बचल बा कि ऊ घरे-घरे घूम के मतदाता लोग से वोट खातिर मनुहार कs सके।

अब एह इलाकन में ना चुनावी सभा हो सकेला, ना रैली आ ना रोड शो। बुध के उम्मीदवार जनसंपर्क कs सकी लोग। पहिला चरण में डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी आ विजय सिन्हा सहित सरकार के करीब दू दर्जन मंत्री लोगन के किस्मत ईवीएम में बंद होखे वाला बा।

महागठबंधन के मुख्यमंत्री चेहरा तेजस्वी यादव के राघोपुर सीट पs छव नवंबर के वोट डालल जाई। पहिला चरण में कुल 121 विधानसभा सीट बा, जेमे 102 सामान्य आ 19 अनुसूचित जाति खातिर आरक्षित बा। वोटिंग खातिर कुल 45,341 बूथ बनावल गइल बा, जवना पs मतदाता लोग आपन अधिकार के प्रयोग करी।

पहिला चरण में कुल 1,314 उम्मीदवार मैदान में बा लोग। एमे 1,192 पुरूष आ 122 महिला उम्मीदवार सामिल बा लोग। कुल 3 करोड़ 75 लाख 13 हजार 302 मतदाता अबकी बेर एह लोगन के भाग्य के फैसला करी।

चुनाव आयोग पर्यवेक्षकन के साफ आदेस देले बा कि मतदान के दिन चुनाव मशीनरी उत्सव जइसन माहौल बनावे। मतदाता लोगन के बढ़ चढ़ के मतदान करे खातिर प्रेरित करे।

एकरा अलावे आयोग मोबाइल जमा करे के सुविधा, नया वीआईएस पर्ची, ईसीआईनेट ऐप के इस्तेमाल, बूथन से शत प्रतिशत वेबकास्टिंग आ मतदान रिपोर्टिंग के निरदेस देले बा। शांतिपूर्ण चुनाव करावे खातिर आयोग 121 सामान्य, 18 पुलिस आ 33 व्यय पर्यवेक्षकन के नियुक्त कइले बा।

कहीं सांझ 6 बजे तक, कहीं 5 बजे तक मतदान

कइयन गो विधानसभा इलाकन के संवेदनशील मानल गइल बा, ओह इलाकन में मतदान के समय एक घंटा घटा दिहल गइल बा। उहां वोटिंग खाली सांझ 5 बजे तक होई। बाकिर बाकी बूथन पs मतदान बिहान 7 बजे से सुरू होके सांझ 6 बजे तक चली।

पहिला चरण के सिमरी बख्तियारपुर, महिषी, मुंगेर, जमालपुर के बूथन पs वोटिंग काल्ह 7 से सांझ 5 बजे तक होई। जबकि सूर्यगढ़ा के 56 बूथन पs एही समय तक मतदान होई, बाकिर बाकी बूथन पs सांझ 6 बजे तक वोट डालल जाई।

पहिला चरण के जिलन में मधेपुरा, सहरसा, दरभंगा, मुजफ्फरपुर, गोपालगंज, सिवान, सारण, वैशाली, समस्तीपुर, बेगूसराय, खगड़िया, मुंगेर, लखीसराय, शेखपुरा, नालंदा, पटना, भोजपुर आ बक्सर शामिल बा।

मतदान शिकायत खातिर नियंत्रण कक्ष

मुख्य निर्वाचन अधिकारी के कार्यालय में नियंत्रण कक्ष बनावल गइल बा। जवना के तहत लोग फोन आ फैक्स से शिकायत कs सकी।
📞 फोन नंबर: 0612-2824001
📠 फैक्स नंबर: 0612-2215611
📧 ईमेल: ceo_bihar@eci.gov.in, ceobihar@gmail.com

मतदान के दिन कवनो गड़बड़ी, जानकारी भा शिकायत भेजे खातिर मतदाता एह नंबर आ मेल पs संपर्क कs सकी लोग। नियंत्रण कक्ष तब तक चालू रही जब तक मतदान प्रक्रिया पूरा ना हो जाई।

Read Also: Mirzapur Rail Accident : कालका मेल के चपेट में अइला से गंगा स्नान करे जा रहल छव यात्रियन के दर्दनाक मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-