Bihar Election 2025 : पहिला चरण के वोटिंग से ठीक पहिले प्रशांत किशोर के जन सुराज पार्टी के जोर के झटका, भाजपा में सामिल भइलें कैंडिडेट

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 5, 2025

मुंगेर। बिहार विधानसभा चुनाव से बस एक दिन पहिले मुंगेर विधानसभा इलाका में बड़ राजनीतिक उलटफेर देखे के मिलल बा। जन सुराज पार्टी के उम्मीदवार संजय कुमार सिंह बुध के दिन भारतीय जनता पार्टी (भाजपा)

Share

Prashant Kishor Bihar Election 2025 setback as Jan Suraj candidate Sanjay Kumar Singh joins BJP in Munger before first phase voting

मुंगेर। बिहार विधानसभा चुनाव से बस एक दिन पहिले मुंगेर विधानसभा इलाका में बड़ राजनीतिक उलटफेर देखे के मिलल बा। जन सुराज पार्टी के उम्मीदवार संजय कुमार सिंह बुध के दिन भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के झंडा उठा लेलें।

संजय कुमार सिंह भाजपा के एनडीए उम्मीदवार कुमार प्रणय के मौजूदगी में पार्टी के सदस्यता ग्रहण कइलें। एह डेग से मुंगेर के चुनावी समीकरण में अब बड़ बदलाव के संभावना बतावल जा रहल बा।

सूत्रन के मोताबिक, संजय सिंह अब खुल के भाजपा उम्मीदवार कुमार प्रणय के समर्थन में प्रचार करे के एलान कइले बाड़ें। कुमार प्रणय कहलें कि “संजय कुमार सिंह के भाजपा में सामिल होखला से संगठन आउर मजबूत भइल बा, अब मुंगेर में एनडीए के जीत पक्का बा।”

राजनीतिक गलियारा में एह फैसला लेके चरचा तेज हो गइल बा। मतदान से ठीक पहिले भइल ई फेरबदल भाजपा खातिर बड़ चुनावी फायदा मानल जा रहल बा।

Read Also: Instagram से ब्रेक लेवे के भा अकाउंट डिलीट कइल चाहत बानी? तs जान लीं पूरा तरीका

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.