Bihar Crime: छपरा में साढ़े तीन साल के बच्ची से दुष्कर्म करे वाला कंडक्टर गिरफ्तार

Share

भगवान बाजार थाना क्षेत्र के काशी बाजार में इस्थित जेडी पब्लिक स्कूल के बस कंडक्टर के ओर से 3 साल के बच्ची के संगे दुष्कर्म के मामला में पुलिस बड़ कार्रवाई कइले बिया। पुलिस ए मामला में शामिल सभ आरोपी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। पुलिस ए मामला में आरोपी चालक, कंडक्टर आ स्कूल प्रिंसिपल के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। हालांकि पुलिस के कहनाम बा कि, दुष्कर्म के सीधा आरोप स्कूल वैन के कंडक्टर पप्पू पऽ बा, जेकरा के गिरफ्तार कऽ के पूछताछ कइल जाता। अपर एसपी राज किशोर सिंह बतवले कि पुलिस लइकी के मेडिकल जांचो कइले बिया, जवना के रिपोर्ट अबहीं आवे के बा। जेडी स्कूल के प्रिंसिपल पs आरोप बा कि उऽ मामला के जानकारी होखला के बावजूद कवनो कार्रवाई ना कइले।

हालांकि प्रधानाध्यापक उनका प लागल आरोप के खारिज कऽ देले। बता दीं कि एगो वैन के कंडक्टर स्कूल में ही एगो साढ़े तीन साल के लइकी के संगे दुष्कर्म कइलस। घर पहुंचला के बाद लइकी के स्वास्थ्य खराब होखे लागल। 8 दिन बाद जब मामला सोझा आइल तऽ लोग बहुत हंगामा मचवले आ पुलिस तुरंत कार्रवाई कऽ के 2 घंटा के भीतर आरोपी के गिरफ्तार कऽ लेलस।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-