Bihar Election Voting Final Update :  कुल 66.91% फीसदी भइल मतदान, 71.6% महिला आ 68.2% पुरुष कइल लोग कइल मताधिकार के प्रयोग

Share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव 2025 में मतदाता लोग इतिहास रच देले बा। पहिला बेर राज्य में रिकॉर्ड 66.91 प्रतिशत मतदान भइल बा। पहिला चरण में 6 नवंबर के 65.08 प्रतिशत लोगन वोट देले रहे, जबकि दूसरका चरण में मंगर के दिने 68.76 प्रतिशत मतदान भइल।

एह तरे कुल 243 विधानसभा सीटन पs छिटपुट घटना के बीच शांतिपूर्ण मतदान पूरा हो गइल। एकरा में पुरुष मतदाता 62.8% आ महिना मतदाता 71.6% सामिल रहल लोग- ई साफ बता रहल बा कि महिला लोगन के भागीदारी जबरदस्त रहल बा।

बंपर वोटिंग के कारण का रहल?

राजनीतिक विश्लेषक लोगन के कहनाम बा कि ई बंपर वोटिंग के पीछे एनडीए सरकार के योजना के बड़ जोगदान बा। सरकार जीविका समूह से जुड़ल महिला लागन के मुख्यमंत्री रोजगार योजना के तहत 10 हजार रुपिया मदद देले बिया। संगही 2 करोड़ परिवारन के हर महीना 125 यूनिट बिजली मुफ्त के वादा असर डललस।

एकरा अलावे, 1.80 लाख से बेसी जीविका दीदी आ महिला कार्यकर्ता के मतदान केंद्र पs लगावल गइल रहे ताकि पर्दानशीन महिला लोगन के पहचान आसान हो सके। हर बूथ पs लाइव वेबकास्टिंग के बेवस्था रहे आ चुनाव एजेंट के फॉर्म-सी में पूरा जानकारी भरल गइल।

बंपर वोटिंग के पीछे तीन बड़ कारण

  • छठ आ दिवाली पs चलल विशेष ट्रेन: चुनाव आयोग 13 हजार से जादे ट्रेन चलवले रहे ताकि परदेश में रहत मतदाता बिहार आ के वोट दे सके लोग।
  •  मतदाता सूची के पुनरीक्षण (SIR): एह प्रक्रिया से नया मतदाता जुड़ल।
  • राजनीतिक दलन के लोकल लाभ आ वादा: पार्टी लोग के तरफ से दिहल सुविधा आ घोषणा से जनता उत्साहित भइल।

एक्जिट पोल में फेर एनडीए के सरकार

  • दूसरका आ अंतिम चरण के वोटिंग के बाद एग्जिट पोल के आंकड़ा सामने आ गइल बा।
  • अधिकांश एजेंसियन के मोताबिक, राजग (NDA) राज्य में स्पष्ट बहुमत के संगे सत्ता में वापसी करत नजर आवत बिया।
  • एग्जिट पोल बतावत बा कि एनडीए 140-150 सीट तक जीत सकेला, जबकि महागठबंधन 85-95 सीट पs रुक सकेला।

जदि नतीजा एक्जिट पोल के अनुसार रहल, तs बिहार में नीतीश कुमार के राज कायम रह सकेला आ तेजस्वी यादव सत्ता से रह जइहें।

प्रशांत किशोर के जनसुराज कमजोर पड़ल

तीसरा मोर्चा के रूप में उभरल प्रशांत किशोर के जनसुराज पार्टी चुनावी मैदान में कमजोर साबित भइल। एग्जिट पोल में पार्टी के 0 से 5 सीट तक मिले के अनुमान बतावल गइल बा।

टीवी चैनलन पs  एग्जिट पोल के रुझान

न्यूज-19 चैनल के पोल के मुताबिक,

राजग: 140–150 सीट

महागठबंधन: 85–95 सीट

न्यूज 24 चैनल पs चाणक्य स्ट्रेटजीज एजेंसी के अनुसार, राजग के बढ़त साफ बा।
महागठबंधन 100–108 सीट तक पहुंच सकेला।

पहिला बेर बिदेसी प्रतिनिधि बनल साक्षी

एह साल पहिला बेर अंतर्राष्ट्रीय चुनाव आगंतुक कार्यक्रम (IEVP) के तहत छव देस (दक्षिण अफ्रीका, इंडोनेशिया, थाईलैंड, फिलीपींस, बेल्जियम, कोलंबिया) से 16 प्रतिनिधि बिहार चुनाव देखे आइल रहे लोग। ऊ लोग बिहार के पारदर्शी आ सुव्यवस्थित चुनाव प्रणाली के सराहना कइल।

Read Also: Bihar News : मतदान केंद्र पहुंचे से पहिले बुजुर्ग तुड़लें दम, अधूरा रह गइल आखिरी इच्छा

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-