Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

टी-20 विश्व कप में बड़ उलटफेर: सुपर ओवर में पाकिस्तान के अमेरिका थमवलस शर्मनाक हार

620

टी-20 विश्व कप 2024 के 11 वां मुकाबला में अमेरिका बड़ा उलटफेर कs देलस। ग्रांड प्रेयरी स्टेडियम में खेलल गइल मैच में मेजबान अमेरिका सुपर ओवर में पाकिस्तान के हराके इतिहास रच देलस। दूसरका ओर शर्मनाक हार के कारण पाकिस्तान के बहुते किरकिरी हो रहल बा। मुकाबला के बात करीं तs टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल पाकिस्तान सात विकेट खोके 159 रन बनवलस। जवाब में USA टीम 20 ओवर में 159 रन बना सकल आ मैच टाई हो गइल।

सुपर ओवर में अमेरिका बनवलस 18 रन

सुपर ओवर में अमेरिकी टीम पहिले बल्लेबाजी करत छव गेना में 18 रन बनवलस। पाकिस्तान के ओर से ई ओवर मोहम्मद आमिर फेंकलें। ओवर के पहिला गेना पs आरोन जोन्स चौका लगवलें। दूसरका गेना पs आरोन जोन्स दु रन लेलें। तीसरका गेना पs ऊ सिंगल निकललें। अगिला गेना वाइड रहल आ एकरो पs दु रन आ गइल।

चौथा गेना पs हरमीत सिंह ने एक रन चोरवलें। अगिला गेना फेर वाइड रहल आ एह पs दु रन आ ओवर के 5वां गेना पs आरोन जोन्स दु रन बनवलें। अगिला गेना एक बेर फेर वाइड रहल आ और एकरो पs तीन रन आइल। ओवर के आखिरी गेना पs एक रन बनल आ एगो विकेटो गिरल।

पाकिस्तान बनवलस 13 रन

अइसन में पाकिस्तान के जीत खातिर सुपर ओवर में 19 रन के जरूरत रहे, बाकिर टीम 13 रन बना सकल। USA के ओर से ई ओवर सौरभ नेत्रावलकर कइलें। ओवर के पहिला  गेना पs इफ्तिखार अहमद कवनो रन ना बना पवलें। दूसरका गेना पs ऊ चौका लगवलें। अगिला गेना वाइड रहल। ओवर के तीसरका गेना पs इफ्तिखार अहमद कैच आउट भइलें।

एकरा बाद अगिला गेना फेर वाइड रहल। ओवर के चउथा गेना पs शादाब खान चौका जड़लें। 5वां गेना पs शादाब खान दु रन बटोरलें। आखिरी गेना पs एक रन बनल आ अमेरिका सुपर ओवर में पांच रन से मुकाबला के जीत लेलस।

858750cookie-checkटी-20 विश्व कप में बड़ उलटफेर: सुपर ओवर में पाकिस्तान के अमेरिका थमवलस शर्मनाक हार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.