[the_ad_group id="30365"]

PAK vs CAN T20 WC Pitch Report: पाकिस्तान के बल्लेबाजन खातिर चुनौती बनिहें कनाडा के गेंदबाज! न्यूयॉर्क के पिच पऽ रही नजर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कनाडा के बात कइल जाव तऽ ओकरो अपना दूसरका जीत के दरकार बा। एह टीम के पहिले मैच में अमेरिका हरवले रहे। दूसरका मैच में एह टीम के सामना आयरलैंड से भइल रहे। एह मैच में कनाडा  बड़ उलटफेर करत घरी आयरलैंड के हरा देले रहे। पाकिस्तानो के खिलाफ एह टीम के मैच आसान नइखे रहे वाला।

भारतीय टीम से मात खइला के बाद पाकिस्तान क्रिकेट टीम अब टी20 वर्ल्ड कप 2024 के अपना अगिला मैच में कनाडा के खिलाफ उतरी। पाकिस्तान अबही ले एह वर्ल्ड कप में जीत के खाता नइखे खोलले। कनाडा के खिलाफ बाबर आजम के सेना आपन खाता खोले के चाही। पाकिस्तान के पहिले मैच में अमेरिका के हाथे हार मिलल रहे आ फेर भारत ऐतवार के उनका मुंह से जीत छीन लेले रहे।

कनाडा के बात कइल जाव तऽ ओकरो आपन दूसरका जीत के दरकार बा। एह टीम के पहिलका मैच में अमेरिका हरवले रहे। दूसरका मैच में एह टीम के सामना आयरलैंड से भइल रहे। एह मैच में कनाडा बड़ उलटफेर करत घरी आयरलैंड के हरा देले रहे। पाकिस्तानो के खिलाफ एह टीम के मैच आसान नइखे रहे वाला।

कइसन रही पिच?

ई दुनु टीम के मैच ओही मैदान पs होई जवना पs भारत-पाकिस्तान के मैच भइल रहे। न्यूयॉर्क के नसाउ इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम एह मैच के मेजबानी करी। एह स्टेडियम के पिच गेंदबाजन के मददगार बा। रन बनाना एह पिच पs मुश्किल साबित भइल बा । जवनो टीम टॉस जीती पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइल चाही। एह मैच में पाकिस्तान के बल्लेबाजन की परीक्षा होई काहेकि आयरलैंड के खिलाफ कनाडा अपना गेंदबाजी से प्रभावित कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]