वाराणसी से ज्ञानवापी मामला में बड़ खबर: मुस्लिम पक्ष के वकील मधु बाबू आपन नाम लेहलें वापस

कुमार आशू

ज्ञानवापी मामला पर वाराणसी से बड़ अपडेट सोझे आइल बा। अधिवक्ता मधु बाबू अपना वकालत नामा वापस ले लेहले बानें। पिछला वकील के मृत्यु के बाद दू वकील लोग मुस्लिम पक्ष के ओर से आपन वकालतनामा दाखिल कइले रहनें। अधिवक्ता लोग के नाम मधु बाबू अउरी समीम ह। आज खबर मिलल कि ओहमें से एक वकील जेनकर नाव मधु बाबू बा, आपन वकालतनामा वापस ले लेहले बानें।

Share This Article