यूपी के बड़ खबर: एटा में बड़ हादसा, नहर में गिरल कार, एके परिवार के 4 समेत 5 लोगन के मउत

Share

 

एटा में एगो बड़ सड़क दुर्घटना हो चुकल बा। काली नदी में स्विफ्ट डीजायर कार बेकाबू होके गिर गईल। दुर्घटना में कार चालक समेत एकही परिवार के 5 लोग के मउत हो गईल। मरे वाला लोग में चाचा-चाची, भतीजा अवुरी भतीजा के पत्नी, भतीजा के दोस्त शामिल बाड़े। सूचना पs पुलिस प्रशासन मौका पs पहुंच गईल। गाड़ी अवुरी मरेवाला के लाश क्रेन से निकालल गईल बा।

कासगंज के गंजडुंडवारा थाना क्षेत्र के तहत अडौरा गांव के निवासी विनिता जब बेमार रहली त उनुकर परिवार के लोग उनुका के गाड़ी में बईठ के इलाज खातीर एटा मेडिकल कॉलेज ले आवत रहले। एही से दुर्घटना रविवार के देर रात 11 बजे भईल। दुर्घटना में कार के नियंत्रण खो के नहर में गिर गईल। एह हादसा में बीमार महिला विनीता पत्नी नीरज, नीरज पुत्र जोत सिंह, तेजेन्द्र पुत्र जमुना प्रसाद, संतोष पत्नी तेजेन्द्र, आ ड्राइवर शुभम के मउत हो गइल।

एटा के अपर पुलिस अधीक्षक धनंजय सिंह कुशवाहा बतवले कि ए दुर्घटना में चालक समेत पांच लोग के मउत हो गईल बा। पुलिस के सबेरे सूचना दिहल गईल, ओकरा बाद पुलिस मउका पs पहुंचल अवुरी क्रेन से गाड़ी अवुरी लाश के नहर से निकालल गईल।

 

TAGS:

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-